एलान बा के भव्य मुहुर्त

तिवारी इंटरटेनमेंट्स आ अभिषेक इंटरटेनमेंट्स का बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम एलान बा के भव्य मुहुर्त पिछला दिने मुंबई का पॉश इलाका जुहू के फोर सीजन होटल में धूमधाम से कइल गइल. निर्माता योगेन्द्र तिवारी आ अभिषेक राज के निर्माण एलान बा के कथा पटकथा लिखे आ निर्देशन करे के जिम्मा धीरज कुमार लिहले बाड़े.

Yogendra, Manoj and Pankaj at muhurt of Elan Baa.

फिल्म में एगो एस पी के भूमिका करे वाला सुपर स्टार मनोज तिवारी मृदुल कहलें कि एह फिल्म का माध्यम से भ्रष्टाचार आ नक्सलवाद के निदान के एलान कइल जाई. फिलिम में मनोज तिवारी का साथे पंकज केसरी, योगेन्द्र तिवारी पहिला बेर परदा पर अइहें. लवी रोहतगी आ वर्षा तिवारियो फिलिम में आपन जलवा देखाई लोग. गीत सच्चिदानन्द कवच, कामाख्या श्रीवास्तव, आ राकेश सिंह के रही. संगीत दीहें गुणवन्त सेन. कैमरा आर॰ आर॰ प्रिन्स सम्हरिहें आ संवाद लिखे क काम सुरेन्द्र मिश्रा करीहें.

मुहुर्त का अवसर पर निर्माता अबय सिंह, अजय सिन्हा, गुलशन राजा, चैतन्य स्वामी, स्विस म्यूजिक के राकेश भदौरिया, महमूद अली, निर्देशक पाण्डे, अमर ज्योति, बॉबी सिंह, अमित चौहान, अवधेश मिश्रा, मनीष चतुर्वेदी, स्वाति वर्मा, अरविन्द श्रीवास्तव समेत अनेके गणमान्य लोग टीम के बधाई देबे खातिर मौजूद रहलन.

अबहीं गाना के रिकार्डिंग हो रहल बा आ दिसम्बर महीना से शूटिंग शुरु कर दिहल जाई.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त