निरहुआ के एक्शन के कायल भइलन राम लक्ष्मण

भोजपुरी सिनेमा के जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के एक्शन के जलवा त हर तरह सिर चढ़ के बोल रहल बा बाकिर ई जलवा जेकरा उपर सबले बेसी चढ़ल बा उ त हउवन राम लक्ष्मण. जी, उहे राम लक्ष्मण जे दक्खिन भारतीय सिनेमा के सबले बड़ फाइट मास्टर हउवन. आ ओहिजा के हर एक्शन स्टार जेकर कायल ह. अबही तेलगू भाषा के सबले बड़ हिट फिलिम मगदीरा के एक्शन मास्टर रामे लक्ष्मण हउवन जवना में चिर्जिवि के बेटा नायक बनल बाड़े. निरहुआ आ रामलक्ष्मण आजुकाल्ह हैदराबाद में भोजपुरी फिलिम शिवा के शूटिंग कर रहल बाड़े. रामलक्ष्मण निरहुआ का ऊपर एक से बढ़के एक फाइट सीन फिल्मवलन जवना के बहुते सहज भाव से निरहुआ कर देखवलन. एक्शन सीन का प्रति निरहुआ के समर्पण आ व्याकुलता देख के रामलक्ष्मण धन्य हो गइलें.

Nirahua with Pakhi

बकौल राम लक्ष्मण निरहुआ बहुते पावरफुल एक्शन एक्टर हउवन. जवना लगन का साथ ऊ एक्शन करे लें ऊ देखावेला कि ऊ कतना सचेत आ मेहनती हउवन. उनका में एगो संपूर्ण कलाकार के तमाम गुण मौजूद बा. हम त बस उनका समर्पण के कायल बानी. निरहुआ से पुछाइल त कहलन कि ई त रामलक्ष्मण जी के बड़प्पन बा. हम त उहे कइनी जवन कहल गइल.

बहरहाल निरहुआ के एक्शन के रामलक्ष्मण से मिलल प्रशंसा का बाद से भोजपुरिया दर्शक बेताब बाड़न शिवा के देखे बदे. साउथो में निरहुआ के एक्शन के चरचा जोर शोर से हो रहल बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त