रविकिशन के अदाकारी के कायल आमिर खान

बालीवुड के सुपरस्टार आमिर खान भोजपुरी के सदाबहार सुपरस्टार रविकिशन के अदाकारी के कायल हो गइल बाड़न आ उनका के अपना संगे काम करे के नेवतले बाड़न.

Ravi Kishan during shooting of Luck

पिछला दिने अपना फिलिम थ्री इडियट के बिहार यूपी का दर्शकन तक चहुँपावे का योजना में आमिर खान महुआ टीवी चैनल के सहारा लिहलन आ उनकर मदद कइलन रविकिशन. आमिर खान आ रविकिशन के एक घंटा के बातचीत महूआ टीवी खातिर भइल आ ओकर शूटिंग बान्द्रा में कइल गइल.

Aamir Khan as gazaniतय समय का मुताबिक आमिर खान त चहुँप गइलन बाकिर रविकिशन राज पिछले जनम का का शूटिंग क चलते करीब आध घंटा देरी से अइलें आ ओकरा बाद दुनु जने करीब अढ़ाई घंटा ले बतियवलें. बातचीत के शूरुआत आमिर खान फिल्म लक में रविकिशन के अभिनय का तारीफ से कइलें. कहलें कि हमने लक देखी है और इसमें सबसे अच्छा काम आपका है.

बतियावे के सिलसिला शुरु भइल त रविकिशन आमिर खान से उनका फिलिम का बारे में त बतियइबे कइलन, आमिर के जिनिगी के पहलुअनो पर कई गो सवाल पुछ लिहलन. आमिरो खान ओह सवालन के जवाब बड़ा इत्मीनान से दिहलें आ अन्त में रविकिशन के तारीफ करत कहलन कि पहिलका बेर ऊ अढ़ाई घंटा ले केहू के सवालन के जवाब दिहलन, ना त उनकर प्रेस कांफ्रेंस मुश्किल से आधा घंटा चल पावेला. एकरा के ऊ रविकिशन के जादू करार दिहलन आ कहलन कि जल्दिये हमनी का एक साथे काम करब जा.


स्रोत : उदय भगत