बन के तइयार हो गइल चोर जी नमस्ते

Chorji Namasteपुनर्नवा फिल्म्स का बैनर में बनल भोजपुरी फिलिम चोर जी नमस्ते के निर्माता उमेश कुमार सिंह के दावा बा कि एह फिलिम के पूरा परिवार का संगे देखल जा सकेला. भोजपुरी से एमए उमेश सिंह का मुताबिक एह फिलिम में भोजपुरी भाषा के सही आ शुद्ध राखे पर पूरा धेयान दिहल गइल बा आ खाँटी भोजपुरी के इस्तेमाल भइल बा एह फिलिम में. एकर अस्सी फीसदी कलाकार बिहारे के हउवन आ नब्बे फीसदी शुटिंग बिहारे में करावल गइल बा. खास कर के सोनपुर, हाजीपुर, वैशाली, आ महुआ में.

चोर जी नमस्ते के संपादन पूरा हो गइल बा आ डबिंग के काम चालू बा. उमेद बा कि फिलिम फरवरी का अन्तिम सप्ताह ले रिलीज कर दिहल जाई. निर्देशक सनोज मिश्रा, गीत संगीत बिपिन बहार के. कलाकार बाड़े पवन सिंहम कल्पना शाह, संजीव संजू, कोमल मिश्रा, जया पाण्डे, दिलीप झा, निर्मल पान्डे, मनीष महिवाल, शरद कपूर वगैरह.


स्रोत : संजय भूषण पटियाला