पकड़ुआ बिआह पर बनल फिलिम नजरिया तोहसे लागी

Nazariya Tohase Lagi

विजसन फिल्म्स का बैनर में बनल निर्माता संतोष सिंह के भोजपुरी फिलिम नजरिया तोहसे लागी के कहानी पकड़ुआ बिआह पर बा. बेटवा बाहुबली फेम के अजय दीक्षित आ गुजरात के हसीना विभूति त्रिवेदी एकर मुख्य कलाकार बाड़े. निर्देशन दीप शर्मा के बा. नजरिया तोहसे लागी का माध्यम से पूर्वांचल आ बिहार में होखेवाला पकड़ुआ बिआह के समस्या उठावल गइल बा.

Ajay and Vibhuti अजय दीक्षित आ विभूति त्रिवेदी का अलावा एह फिलिम में पुष्पा वर्मा, देव मल्होत्रा, अयाम मेहता, वीणा संत, फिरोज, बीरबल, आ रजा मुराद के मुख्य भूमिका बा. सोना बत्रा के एगो दिलकश आयटम डांसो बा एह फिलिम में. पुष्पा वर्मा आ वाहिल सुल्तानपुरी के लिखल गीत इकबाल दरबार का संगीत में सज के बहुत बढ़िया बनल बाड़ी सन. फिल्म के खास टायटल सांग के ममता श्रीवास्तव का आवाज में राज इन्द्र राज रिकार्ड कइले बाड़े.

फिल्म बिहार में ५ फरवरी के रिलीज हो रहल बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त