लाट साहिब हो गइले राजीव दिनकर

Rajiv in Lat Sahebकोरियोग्राफर से अभिनेता बनल राजीव दिनकर के बतौर अभिनेता अबही ले एको फिलिम रिलीज नइखे भइल, तबहिये ऊ अपना के लाट साहिब समुझे लागल बाड़न आ चाहेले कि लोगो उनका के लाट साहिब कहल करे बात दरअसल ई बा कि राजीव हालेफिलहाल एगो फिलिम के शूटिंग पूरा कइले बाड़े जवना के नाम हऽ लाट साहिब.

लाट साहिब में राजीव के भूमिका एगो स्कूली विद्यार्थी के बा जेकर एके गो नारा बा पढ़ोगे लिखोगे बनोग खराब, खेलोगे कूदोगे बनोगे नवाब ! बाकिर ओकर ई विचार तब बदल जात बा जब ओकरा जीवन में एगो लड़की आ जात बिया. राजीवे क कहनाम बा कि लाट साहब में उनकर भूमिका आम बिहारी छात्रन जइसन बा.

फिल्म में राजीव का साथ रुबी सिंह नायिका बाड़ी. राजीव के पहिलका फिलिम कबहू छूटे ना ई साथ अब रिलीज होखे का इन्तजार में बा, जवना में उनका साथे सुशील सिंह, स्वीटी छाबड़ा, आ प्रिया सिंह मुख्य भूमिका में बा लोग. उनकर दोसरकी फिलिम बलिदान में ऊ रविकिशन आ जैकी श्राफ का साथ बाड़े. एने राजीव निर्देशक बॉबी सिहं के दू गोअउरी फिलिम साइन कइले बाड़े.


स्रोत : उदय भगत