अब मल्टीप्लेक्स का परदा पर लउकिहन निरहुआ

Nirahua No. 1भोजपुरी सिनेमा के किंग दिनेशलाल यादव निरहुआ के आवाज अब मल्टीप्लेक्सन में सुनाई दीहि आ उनका एक्शन आ अदाकारी के दीदार मल्टीप्लेक्स का परदा पर देखे के मिली.

नया साल के सौगात का रुप में झारखण्ड का धनबाद में मल्टीप्लेक्स सिनेमा हाल फेम में निरहुआ के फिलिम निरहुआ न॰ १ एही महीना २६ जनवरी के रिलीज होखे जा रहल बा. ई पहिला बेर हो रहल बा कि कवनो भोजपुरी सिनेमा कवनो मल्टीप्लेक्स में देखावल जाई.

मल्टीप्लेक्स में भोजपुरी सिनेमा रिलीज होखला का बाद उम्मीद कइल जात बा कि अब हाई सोसाइटियो के लोग भोजपुरी फिलिमन का तरफ आकर्षित होखीहन आ ओकर आनन्द उठइहन. पहिले ई दर्शक लाख चाहत का बावजूद साधारण सिनेमाघर में जाये से हिचकिचात रहलें. पर साल निरहुए के फिलिम प्रेम के रोग भइल के प्रीमियर शो मुंबई का मल्टीप्लेक्स में कइल रहे. चलीं देखल जाव मल्टीप्लेक्स का परदा पर निरहुआ के.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त