जय सिंह के छक्का

Jay Singh भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल खलनायक जय सिंह एगो जोरदार छक्का मरले बाड़न जवन सीधा दर्शकन का लगे पैवेलियन में गइल बा. आ ई छक्का ह एके साथ छह गो फिलिम साइन करे के. एह फिलिमन में ऊ भोजपुरी के दिग्गज कलाकारन से दु दु हाथ करत लउकीहें.

पहिला फिलिम ह बताशा चाचा जवना के निर्मान कर रहल बाड़े आदर्श जैन. दुसरकी ह जीतेन्द्र प्रताप सिंह के पायल. एकरो निर्माण तेजी से चल रहल बा. एह दुनु का अलावा राम मिश्रा क्रिएशंस के मोरा बलमा छैल छबीला, अमर देवगणे के बिल्लोरानी नौटंकीवाली, इकबाल बख्श के दिल तोहरे प्यार में पागल बा, आ गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के एगो फिलिम जवना के अबहीं नाम नइखे धराइल.

जय सिंह अपना फिलिम चोरवा बनल दामाद का चलतहूं निकहा चर्चा में बाड़े. एह फिल्म के निर्माण अनिल अग्रवाल कइले बाड़न आ निर्देशन रजनीश त्यागी. एह फिल्म के मुख्य कलाकार पवन सिंह आ सीमा सिंह ह लोग.


स्रोत : शशिकान्त सिंह