महुआ आ दैनिक जागरण का सर्वे में भोजपुरी फिलिम

भोजपुरी के नंबर वन चैनल महुआ पिचला साल के सबले सफल फिलिम मुन्नी बाई नौटंकीवाली के मनले बा आ रानी चटर्जी के नम्बर वन अभिनेत्री. गुंजन पंत टॉप थ्री में बाड़ी. कुछ अखबार विनय आनन्द के पिछला साल के सबले चार्मिंग स्टार कहले बा. महुआ टीवी कहले बा कि मनोज तिवारी के जादू अबहियो बरकरार बा आ हे महादेव के रिकार्ड बिक्री एह बात के साबित करऽता. दैनिक जागरण मनोज तिवारी के सबसे लोकप्रिय सितारा मनले बा आ बृजवा के ब्लाकबस्टर फिलिम. शामे भोजपुरी समाचार पत्र में शुभम तिवारी के बेस्ट नवोदित कलाकार मानल गइल बा. ओह अखबार का हिसाब से मनोज टाईगर बेस्ट खलनायक आ संजय पांडे आ जय सिहं के संयक्त रुप से बेस्ट नवोदित खलनायक कहले बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा