शुरु हो गइल भोजपुरी पायरेसी के दौर

Pirated DVDs भोजपुरी सिनेमा के कद त कई साल पहिले से बढ़ल जा रहल बा बाकिर एहमें हिन्दी फिल्म लेखा पायरेसी के चलन ना भइल रहुवे. अब नया नया भोजपुरी फिलिमन के वीसीडी आ डीवीडी फुटपाथन पर खुलेआम बेचात बाड़ी सँ. पिछला साल के पाँच गो हिट फिलिमन के डीवीडी पचासे रुपिया में हाजिर बा. निरहुआ के दिवाना, रविकिशन के विदाई, भोजपुरी के डांसिंग स्टार उत्तम कुमार के गोरकी पतरकी रे एह पायरेटेड डीवीडी में कामन बाड़े सँ.

अबही एह पायरेसी के गंभीर रुप से नइखे लिहल जा रहल बाकिर देर सबेर एह पायरेसी से भोजपुरी फिल्मोद्योग आ संगीत उद्योग के बड़हन नुकसान होखे से केहू इन्कार नइखे कर सकत. एहसे समय रहते एह पायरेसी का खिलाफ आवाज उठावल जरुरी बा.


स्रोत : उदय भगत