भोजपुरी में जारी रखे खातिर एक दबाईं

Manoj Tiwari भोजपुरी के फइलावे खातिर मनोज तिवारी के मेहनत अब रंग ले आवे लागल बा. उनके मेहनत के असर बा कि आयडिया जइसन नामचीन कंपनी यूपी आ बिहार में भोजपुरिमें कस्टमर केयर दिहल शुरु कर दिहले बा. मनोज तिवारी का साथे एगो समझौता में आयडिया कंपनी भोजपुरी इलाका में अपना प्रचार खातिर मनोज तिवारी के चुनले बिया आ अपना ग्राहकन के मनोज तिवारी से भेंट करे के मौका इनाम में दीहि.

वोडाफोन, आयडिया, एयरटेल अपना ग्राहकन के भोजपुरी में कस्टमर केयर दिहल शुरु कर दिहले बाड़े. चलीं भोजपुरी में जारी रखे खातिर एक दबाईँ, टू कंटिन्यू इन इंगलिश प्रेस टू, हिन्दी में जानकारी के लिये तीन दबायें !


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा