मनोज तिवारी कैटरीना कैफो से भोजपुरी बोलवा दिहले

Katerina Kaif भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार मनोज तिवारी के भोजपुरी से अतना प्यार बा कि एगो कार्यक्रम में ऊ कैटरीना कैफो से भोजपुरी बोलवा लिहलें. मनोज तिवारी का कड़ा मेहनत का बाद पटना का एगो कार्यक्रम में जब कैटरीना कहली, का हाल बा पटना? त दर्शकन का ताली से पूरा समारोह गड़गड़ा उठल.

मौका रहे निर्माता निर्देशक प्रकाश झा के टीवी चैनल मौर्या टीवी के उद्घाटन के जवन कि बिहार आ झारखण्ड पर केन्द्रित कार्यक्रम पेश करी. एही आयोजन में मनोज तिवारी, अभिनेता रामपाल, आ कैटरीना कैफ प्रमुखता से मौजूद रहे. बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार का मौजूदगी में भइल एह कार्यक्रम के मुख्य आकर्षण रहे कैलाश खेर के संगीत. ग्रीन रूम में मनोज तिवारी, अर्जुन रामपाल, आ कैटरीना मच पर जाये के तइयारी में लागल रहे लोग. ओहि में अचानक योजना बनल कि कैटरीना दर्शकन से भोजपुरी में बात करस. कैटरीना का हाथ पर रोमन लिपि में लिखाइल का हाल बा पटना आ ओकरा के बोल बोल के सिखावल गइल टोन.

बाद में मनोज तिवारी कहलन कि कैटरीना के व्यवहार एकदमे निश्छल रहुवे. जेकरा से मिलली सहज आ सामान्य भाव से मिलली. उनकर व्यवहार देख के इहे लागल कि कैटरीना के सफलता का पाछा उनकर व्यवहार के बड़हन हाथ बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा