शुरु भइल हम हईं कर्मयोद्धा
ए फिल्म वर्कशाप प्रोडक्शन का बैनर में निर्माता गुड्डू सिंह आ निर्देशक स्वप्निल मयंकर जे फिल्म हम हईं कर्मयोद्धा के संगीतमय शुरुआत पिछला दिने मुंबई का दीप स्टूडियो में कइल गइल.
मुहुर्त रिकार्डिंग भोजपुरी स्वर कोकिला कल्पना का आवाज में एगो गाना से भइल. सुदीप पाण्डेय, प्रिया शर्मा, कोमल ढिल्लो, डा॰सत्यनारायण, शंभू प्रसाद, दीप ज्योति, फरहा नाज, जीतू यादव, रमेश दूबे, ज्योति वर्मा, मोनिका वर्मा, नूरमन सिकदर, आ सीमा सिंह अभिनीत एह फिल्म के लेखक मनोज कमार सिंह, संगीतकार ओम झा, आ गीतकार राम विनोद पासवान हउवें.
स्रोत : उदय भगत