रिंकू घोष के ड्रीम प्रोजेक्ट

Rinku Ghosh बिदाई फिल्म से आपन खास पहिचान बना चुकल नायिका रिंकू घोष के दबदबा एहू साल कायम रहे वाला बा. एह साल उनकर चार गो फिलिम तू ही मोर बालमा, गठबन्धन प्यार का, मृत्युंजय, आ लाल लुग्गा हाट केक बनल बाड़ी सँ. तू ही मोर बालमा में ऊ असलम शेख का निर्देशन में काम कर रहल बाड़ी. एहमें उनका साथ बाड़े प्रवेशलाल, मनोज टाइगर, दीपक दूबे आ शुभम तिवारी. गठबन्धन प्यार का में ऊ पवन सिंह का साथे बाड़ी. प्रवेश सिप्पी के मृत्युंजय में निरहुआ का साथ त मुकेश पाण्डे के लाल लुग्गा में मनोज तिवारी का साथे. पेश बा ओहि अदाकारा से बातचीत के कुछ अंश

एगो नायिका के हमेशा निमन फिलिमन के इंतजार रहेला. रउरा लगे त तू ही मोर बालमा, गठबन्धन प्यार का, मृत्युंजय, आ लाल लुग्गा आ गइल बाड़ी सँ. त का अब इंतजार खतम समुझल जाव ?

साँचो बढ़िया फिलिम बाड़ी सँ ई आ हम चारो के रिलीज होखे के इंतजार बेकरारी से कर रहल बानी. चारो फिल्म तू ही मोर बालमा, गठबन्धन प्यार का, मृत्युंजय, आ लाल लुग्गा हमरा दिल के नियरा बाड़ी स आ कह सकीलें कि ई हमार ड्रीम प्रोजेक्ट बाड़ी सँ. एकनी के कहानी अलगा अलगा बा आ निर्देशक का रुप में असलम शेख, विष्णुशंकर वेलू, जगदीश शर्मा, आ मंजुल ठाकुर जइसन महारथी मिलल बाड़े. असलम जी का साथ त हम दुसरका बेर काम कर रहल बानी. उनका साथे काम करे के मतलब होला कि कलाकार के अपना अभिनय के गुण दोष मालूम हो जाले.

बाकी निर्देशकन का बार में ?

उहो लोग कमाल के निर्देशक ह. मंजुल ठाकुर के साथे लाल लुग्गा के शूटिंग त अबहीं शुरु होखल बाकी बा, बाकिर जगदीश शर्मा का साथे मृत्युंजय में काम कइल हमरा खातिर खुशी के बात बा. वेलू ओ कमाल के निर्देशक हउवन आ मोनिका सिन्हा के गठबन्धन प्यार का के ऊ बहुत खूबसूरती से परदा पर उतरले बाड़न.

तू ही मोर बालमा में त अपने के नया नया कलाकारन का साथे काम करे के पड़ रहल बा. कइसन अनुभव बा राउर ?

कवनो दिक्कत नइखे भइल. मनोज टाइगर का साथे त पहिलहूं काम कर चुकल बानी. प्रवेशलाल, दीपक दूबे आ शुभम तिवारी सुलझल कलाकार निकलल लोग. आ फिल्म बेहतरीन बन गइल बा.

नामी गिरामी प्रोडक्शन हाउस एन एन सिप्पी के मृत्युंजय का बारे में का कहब ?

माइंड ब्लोइंग. तीनो नकार, निर्माता निर्देशक आ नायक, माइन्ड ब्लोइंग बाड़ें. प्रवेश सिप्पी जी का बारे में त पूछीं जन. अइसन निर्माता कमे मिलेलें.

आ गठबन्धन प्यार का के मोनिका सिन्हा का बारे में ?

मोनिका जी त हमार मन मोह लिहली. शूटिंग कब शुरु भइल आ कब पूरा हो गइल पते ना चलल.

बिदाई का बाद लोग के रउरा से बहुते उम्मीद बा ?

से त बा. आ एही चलते हम चुनले फिलिम ले रहल बानी जेहसे कि दर्शकन का पसन्द पर खरा साबित होखी.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा