शिवा के म्यूजिक लाँच कइले बोनी कपूर

Music release of Shiva बालीवुड के मशहूर निर्माता बिनौ कपूर पिछला दिने मुंबई का रीनासांस फेडरेशन क्लब में आयोजित एगो समारोह में मूवी मुगल डी रामानायडू के पहिलका भोजपुरी फिल्म शिवा के म्यूजिक लाँच कइलें. एह मौका पर बोनी कपूर कहलें कि भारतीय सिनेमा के सशक्त हस्ताक्षर डा॰ डी॰रामानायडू के भोजपुरी फिल्म बनावे के फैसला बहुते सुखद बा. ऊ हमेशा क्षेत्रीय फिलिमन के बावा दिहले बाड़े ऊ पूरा यूनिट के फिल्म के सफलता खातिर शुभकामना दिहलें.

फिल्म शिवा के निर्माता डा॰डी॰रामानायडू भारत का करीब करीब हर भाषा में फिल्म बना चुकल बाड़न. बालीवुड के हिट फिल्मन में से अनाड़ी, हम आपके दिल में रहते हैं, दिलवाला, रखवाला जइसन फिल्म उनके बनावल रहे. एह मौका पर ऊ कहलन कि भोजपुरी फिल्म बनावे के अनुभव बहुते निमन रहल. निर्देशक जी सुब्बाराव कहलन कि ई फिलिम पूरा परिवार का साथे देखे योग्य बनल बा जवना में इमोशन, एक्शन, मधुर गीत संगीत सबकर मजा मिली दर्शकन के.

Dineshlal and Pakhi in Shivaफिल्म के नायक भोजपुरी किंग दिनेशलाल यादव निरहुआ शंकर नाम के एगो नौजवान का भूमिका में बाड़े जे पैसा ले के हर काम करे ला. फिल्म के नायिका पाखी हेगडे के ग्लैमरस अवतार एह फिलिम में देखे के मिली. दिनेश पाखी जोड़ी के कहनाम रहे कि डी॰रामानायडू का साथे काम कइल एगो सपना पूरा होखला जइसन रहल.

शिवा में आठ गो गाना बाड़ी स जवना के रचयिता हउवन प्यारे लाल यादब आ संगीत से सजाव के काम राजेश रजनीश के बा. आवाज उदित नारायण, दिनेश लाल यादव, जावेद अली, कल्पना, इन्दू सोनाली, सप्तोपर्णा, आ मिनी के बा. फिल्म के कलाकारन में दिनेशलाल यादव निरहुआ आ पाखी हेगडे का साथे मनोज टाईगर, डा॰डी॰रामानायडू, सत्य प्रकाश, अनूप अरोड़ा,ललन सिंह, रमैया श्री, सायराबानो के प्रमुख भूमिका बा.

शिवा के आडियो वीनस पर बा. एह मौका पर वीनस के रमेश जैन, चंपक जैन, अभय सिन्हा, दुर्गा प्रसाद, आलोक कुमार, हैरी फर्नाण्डिज, पंकज केसरी, वितरक एके सिंह समेत शिवा के पूरा यूनिट मौजूद रहे. शिवा के रिलीज होली का मौका पर होखे वाला बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त