विक्रान्त आ रानी के पायल

Vikrant and Rani in Payal भोजपुरी सिनेमा में एगो रोमांटिक जोड़ी का रूप में जानल मानल फिल्मकार जीतेन्द्र प्रताप सिंह के भोजपुरी फिल्म पायल में भोजपुरी के दिलजीत अभिनेता विक्रान्त सिंह आ रानी चटर्जी आ रहल बाड़े. फिल्म के निर्देशन नंद किशोर महतो करत बाड़े.

कहल जा रहल बा कि पायल भोजपुरी के पहिलका हॉरर फिल्म होखी जवना में रोमांटिक लव स्टोरीओ बा. एह फिल्म के लेके पूरा यूनिट उत्साह में बा खास कर के निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह आ निर्देशक नन्द किशोर महतो.

मुन्ना बजरंगी फिल्म से चर्चा में आइल अभिनेता विक्रान्त के कहनाम बा कि कमाल के फिल्म होखी पायल. फिल्म के नायिका रानी चटर्जी का साथे काम करे में बहुते खुशी मिलल विक्रान्त के. कहलें कि रानी चटर्जी भोजपुरी फिल्म के अइसन अदाकारा हई जिनका पर पूरा उद्योग गर्व करेला. कहलन कि पायल जतना डरावनी फिल्म भोजपुरी में अबले नइखे बनल. फिल्म में रानी चुड़इल बनल बाड़ी. फिल्म में जय सिहं के भूमिको मजगर बा. साथ में बावे लोग नीलिमा सिंह, के के गोस्वामी, सीमा सिंह, अवधेश मिश्रा, आ गोपाल राय.

निर्माता जेपी सिहं एहसे पहिले गइल भईंसिया पानी में फिल्म से बहुते चर्चा बटोर चुकल बाड़े. पायल में रोमांटिक लव स्टोरी आ हॉरर का अलावे दिल के छूवे वाली गीत संगीत बा. फिल्म के कहानी आ गीत जहाँगीर आरजू के लिखल बा आ संगीत धनंजय मिश्रा दिहले बाड़े. एह फिल्म से भोजपुरी में हॉरर फिल्म के दौर शुरु हो सकेला.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा