दूध का बिना ना रह सकस छोटू छलिया

Chhotu Chhalia with an actress सिल्वर स्करीन पर साफगोई के मामिला देखे क होखे त चर्चित गायक छोटू छलिया से एक बेर जरुर भेंट कर लीं. हाय रे होठ लाली गीत से चर्चा में आइल छोटू छलिया बिहार के आरा जिला के छोटकी सनदिया गाँव के हउवन आ भोजपुरी सिनेमा में नम्बर वन का दौड़ में शामिल बाड़े.

छोटू छलिया का बारे में सबसे खास बात ई बा कि ऊ पइसा का पाछा ना भागस दूध का पाछा भागेलन. उनकर शर्ते होला कि शूटिंग पर चाय ना शुद्ध दूध चाहीं गाय के भा भईंस के. गाय भैँस का बीचे बचपन गुजारे वाला छोटू आजुवो दूध का बहाने तबेला जाये खातिर बेचैन रहेलन. एक बेर संजोग से उनका दू दिन ले दूध ना मिलल त अपना एगो पुरान संघतिया अरुण सिंह के, जे मुंबई के पुरान रहवइया ह, आरे कालोनी के तबेला तक दउड़ा दिहलन आ फेर जब दूध मिलल त दूध पीके अइसन सीन दिहलन कि सगरी लोग दंग रहि गइल. ई घटना भइल रहे मोनिका सिन्हा आ संजय सिन्हा के निर्माण आ विष्णु शंकर वेलू का निर्देशन में बनल गठबन्धन प्यार के का शूटिंग का दौरान.

एह फिल्म में छोटू का साथे पवन सिंह, रिंकू घोष, काजल, अरुण सिंह, आ अरविन्द अकेला कल्लू खास खास भूमिका में बा लोग. छोटू छलिया के आवे वाली फिलिमन में वाह जीजा जी, रंगबाज राजा, जीजा जी की जयहो शामिल बाड़ी सँ.

छोटू छलिया कहेलें कि दूध उनकर कमजोरी ह आ दूधे उनका के ताकत देला. बचपने से दूध उनक पसन्दीदा पेय हऽ आ अब जुनून बन गइल बा ई आदत.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा