मनोरंजन के पावर पैक्ड मसाला ह तू ही मोर बालमा

Ritesh Thakur युवा प्रतिभा कवना खूबसूरति का साथ सामने आ रहल बा एकर एगो ताजा मिसाल बा युवा निर्माता रीतेश कुमार ठाकुर के भोजपुरी फिल्म तू ही मोर बालमा जवना के असलम शेख निर्देशित कइले बाड़े. फिल्म विदाई का बाद एक बार फेर से रिंकू घोष आ असलम शेख के मिलन दर्शकन के सिनेमा हाल का तरफ खींच ले आई एकर सबका उमेद बा. बिहार के आरा के रहेवाला रीतेश कुमार ठाकुर साफ कहतारें कि उनकर फिल्म सिनेमा का परदा पर मजगर हलचल मचाई. एह फिल्म के जीतेश दूबे प्रस्तुत कर रहल बाड़े. रीतेश से पिछला दिने भइल बातचीत के कुछ अंश एहिजा दिहल जा रहल बा ....

रउरा के देख के कहल जा सकेला कि रउरा अभिनेतो बन सकत रहीं. फेर निर्माता बने के रुझान के वजह ?

हम एगो फिलिम पहिलहू बनवले बानी चंदा आ हमार रुझान शुरुवे से निर्माता बने के रहे. अब तू ही मोर बालमा से ऊ सपना एगो मूर्त रुप ले रहल बा.

असलम शेख जी से कइसे जुड़नी ?

असलम जी का फिल्म के हम शुरुवे से दिवाना बानी. उनकर फिल्म बंधन टूटे ना, प्यार के बंधन, धरती कहे पुकार के, धर्मवीर, परिवार, विदाई सगरी हमार फेवरिट फिल्म रहल बाड़ी सँ. हम पहिलहीं सोच रखले रहीं कि हमार फिल्म सिर्फ आ सिर्फ असलमे शेख निर्देशित करीहें. चंदा दोसर केहू निर्देशित कइले रहे आ ऊ फिल्म हमराके बहुत कुछ सिखा के गइल. अब दोसरा कवनो निर्देशक के हमरा कैँप में जगहा नइखे. असलम शेख जी के सोच अलगा बा, उनकर नजरिया अलगा बा आ ऊ जानेलें कि एगो कामयाब फिल्म के तरह बनावल जाले.

तू ही मोर बालमा में खास का बा ?

खास बात बा एकर ट्रीटमेंट. मध्यान्तर का पहिले ले ई फिल्म कॉमेडी बा आ ओकरा बाद इमोशन भरल. फिल्म में मनोरंजन के पावर पैक्ड मसाला भरल बा.

एह फिल्म तूही मोर बालमा के गानो के खूबे चर्चा हो रहल बा. लगाई देहम चोलियो के हुक ए रानी आ जब से तू सईंया गइलऽ हरियाणा त लोग का जुबान पर चढ़ गइल बाड़ी सँ.

जी. एह फिल्म में कुल मिला के एगारह गो गाना बा, जवना में कल्लू के गाना चोलिया के हुक त वाकई हंगामा मचाई. एह फिल्म के एगो प्लस प्वायंट कलुओ बाड़न. बिहार के ई चर्चित गायक एह फिल्म से पहिला बेर सिनेमा का परदा पर लांच हो रहल बा. बाकीओ कलाकार प्रवेश लाल यादव, मनोज टाईगर, शुभम तिवारी, आ दीपक दूबे कमाल के एक्टिंग कइले बा लोग. आ रिंकू घोष त सबका के चउँका जइहें. देखत जाईं.

फिल्म के प्रस्तुतकर्ता जीतेश दुबे का बारे में का कहम ?

जीतेश जी गजबे के शख्सियत हईं. उहाँ का साथे हम बार बार काम कइल चाहब.

रउरा चहतीं त भोजपुरी के सुपरो स्टार लोग के ले सकत रहीं एह फिल्म में ?

आज सुपर स्टार ना फिल्म के कांसेप्ट बिका रहल बा. आ असलम शेख जी हमरा फिल्म के सुपर स्टार त बड़ले बानी. (हँसत बाड़े.)

हरियाणा वाला गाना क बारे में कुछ ना बोलनी. मानल जा रहल बा कि इहो गाना बवाल मचा दी .

सपना जी एह फिल्म में बहुते बढ़िया किरदार निबहले बानी. पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म में सपना जी के अतना बढ़िया रोल मिलल बा. ई गाना उनके पर फिल्मावल गइल बा. मानत बानी एकरो के लोग खूबे पसन्द करी.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा