मन लगा के बनावल गइल बा पायल के, कहलें जेपी सिंह

J.P.Singh बितला साल के चर्चित फिल्मन में से एक तोहरे कारण गइल भईंसिया पानी में सफलता के ऊ आसमान देखलस कि सगरी लोग दंग रह गइल. एकर निर्माता जेपी सिंह अब ले के आ रहल बाड़न अब तकले के नायाब भोजपुरी हॉरर फिल्म पायल जवना के डायनामिक जोड़ी बाड़े विक्रांत सिंह आ रानी चटर्जी. साथ में खलनायक का रुप में जय सिहं सबका के चउंकावे वाला किरदार में बाड़न. पेश बा जेपी सिंह से भइल बातचीत के कुछ अंश ...

जेपी जी, गइल भईँसिया त रहे कॉमेडी फिल्म आ अब पायल का रुप में हॉरर फिल्म ?

जी हँ, आ अब इहो बता देत बानी कि सबकर दावा बा कि पायल सफलता के सगरी रिकार्ड तूड़ दिही. एहमें दर्शकन के भोजपुरी के नया अन्दाज देखे के मिली.

निर्देशक नंदकिशोर महतो के गइल भईंसिया .. का बाद फेर पायलो में दुबारा लिहला के कवनो वजह ?

वजह इहे बा कि नंदकिशोर महतो बढ़िया निर्देशक हउवन आ जानेलन कि फिलिमन के कइसे सुपरहिट के जामा पहिरालव जा सकेला. पायल का अलावे ऊ हमार एगो अउरी फिल्म निर्देशित कर रहल बाड़े.

पायल में विक्रांत सिंह आ रानी चटर्जी के जोड़ी बा. कुछ एह जोड़ी का बारे में बताईं ?

बहुते कमाल के जोड़ी लागल बा ई आ जे ही पायल देखी से ही कही कि वाह जोड़ी होखो त अइसन. दुनु जने मेहनतो खूब कइले बा लोग. पायल देख के लोग मान जाई कि रानी त वाकई में रानी बाड़ी सिनेमा के.

बाकिर सुने में त इहे आ रहल बा कि रानी पायल में एगो चुड़ैल बनल बाड़ी ?

हँ, आ सही सुनले बानी. चुड़ैलो अइसन कि जे देखी उहे डेरा जाई.

खलानयक जय सिंह का बारे में ?

जय सिंह गइल भईंसिया पानीओ में रहलन आ अब पायलो उनकर एगो बेहतरी फिल्म साबित होखी.

जे पी जी, रउरा कंपनी गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के सफलता के राज का बा ?

बहुते कठिन सवाल पुच लिहनी रउरा. हमार मानल बा कि फिलिम पइसा से ना पैसन से बनावल जाले. आ एही चलते हमार सगरी टेकनीशियन सब तरह के फिकिर छोड़ मन से काम करेलें. आ हमार कंपनिओ ओह लोग के दिल ना दुखावे.

पायल के गीतो संगीत के बड़ा चरचा हो रहल बा ?

बढ़िया बा त चर्चा होखबे करी. पायल के गीत जहाँगीर आरजू आ संतोष सिंह के लिखल बा. संगीत धनंजय मिश्रा दिहले बाड़े.

हॉरर फिलिमन में त स्पेशल इफेक्ट के खूब इस्तेमाल होला आ एक्शनो भरपूर रहेला. का पायलो में इहे सब होखी ?

काहे ना ? पायल में ऊ सब कुछ मिली जवना के दर्शक कवनो बढ़िया फिलिम में देखल चाहेलें. पायल के पूरा परिवार का साथे बईठ के देखल जा सकेला. पायल अब जल्दिये रिलीज होखे वाली बा आ हम आ पूरा टीम एकरा के ले के बहुते उत्साहित बानी जा.

सुनली ह कि रउरा भोजपुरी के संगठनो से जुड़ल बानी.

हँ. पिछला साल हमरा के भोजपुरी समाज महाराष्ट्र के अध्यक्ष बनावल गइल बा. आ हम चाहत बानी कि भोजपुरी के जेतने फिल्म बने सब सामाजिक आ साफ सुथरा होखे. हम आ पूरा भोजपुरी समाज एह दिशाईँ लागल बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा