अन्हरिया चीर के बढ़त दीपक दूबे

Deepak Dubey सिनेमा का परदा पर बृजवा से आपन आगाज करे वाला डायनामिक एक्टर दीपक दूबे भोजपुरी वर्ल्ड में छा गइल बाड़े. उनका लगे आजु एक से बढ़ के एक फिल्म बा. एक तरफ असलम शेख निर्देशित आ रितेश ठाकुर निर्मित फिल्म तू ही मोर बालमा में रिंकू घोष से इश्क लड़इहें त दोसरा तरफ जगदीश शर्मा निर्देशित आ पायल दूबे निर्मित फिल्म मार देब गोली केहू ना बोली में एनकाउन्टर किंग का भूमिका में नजर अइहें. रामपाल सिंह निर्देशित फिल्म साँवरिया आई लव यू में मोनालिस का साथे रोमांस करीहें. कुछ अउरियो फिल्म में दीपक दूबे आ रहल बाड़े आ उहो मुख्य नायक बन के.

बतावे वाला बतावत बाड़े कि बृजवा से दीपक दुबे के कैरियर के गजब उछाल मिलल बा आ दीपक दूबे अब अन्हरिया चीर आगा बढ़ रहल बाड़े. तू ही मोर बालमा का बारे में दिपक दूबे के कहनाम बा कि असलम शेख एकरा के बहुते बढ़िया से बनवले बाड़न आ एह फिलिम में ऊ अपने, मनोज टाइगर, प्रवेश यादव, आ शुभम तिवारी एक से बढ़ के एक धमाल कइले बा लोग. आ दर्शकन के बहुते आनन्द आई. मार देब गोली केहू ना बोली का बारे में बतवलें कि एकरा से फिल्मी दुनिया के सफलता के एगो नया फार्मूला मिल जाई. भोजपुरिया सुपर स्टार रविकिशन आ हॉट एक्ट्रेस गुंजन पंत आ कल्पना शाह अपराध के दुनिया के करिया साँच उजागर करी लोग. साँवरिया आई लव यू में अपना किरदारो से दीपक दूबे बहुते खुश बाड़न आ कहलें कि निर्माता शंभू पाडे, श्रवण अग्रवाल आ सीबी त्रिपाठी के एह फिल्म में लोग उनकर किरदार देख के खुश हो जाई.

चलीं, हमनियो का मान लिहल जाव कि दीपक अन्हार चीर के आगा बढ़ जइहें.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा