रविकिशन के सम्मानित कइलें नीतीश कुमार

Ravikishan with Nitish Kumar चार साल पहिले देश के सबसे पिछड़ल राज्यन में से एगो बिहार के विकास दर देश में नम्बर वन बना देबे वाला बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पिछला दिने भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार आ हिन्दी सिनेमा के जानल मानल अभिनेता रविकिशन के दिने पटना में शिखर सम्मान से सम्मानित कइलें.

कार्यक्रम पटना के भारतीय नृत्यकला मन्दिर में आयोजित रहे आ ओह भव्य समारोह के आयोजक रहल सन्मार्ग. समारोह में चर्चित फिल्मकार प्रकाश झा, अभिनेत्री अक्षरा, वरिष्ठ पत्रकार उमेश उपाधयाय, श्रीकांत प्रत्युष समेत न्यायपालिका आ राजनीति के धुरंधर मौजूद रहलें.

समारोह का बाद आपन बात कहत रविकिशन कहलन कि पुरस्कारर त बहुते पा चुकल बाड़न बाकिर नीतीश जी जइसन विकास पुरुष का हाथे पुरस्कार पवला के जवन अनुभूति रहल तवन विरले मिलेला. बुझात बा कि एहि दू पल में हमरा दुनिया के सगरी खुशी भेंटा गइल. बतवलन कि नीतीश जी रविकिशन के राजगीर आवे के आ शूटिंग करे के नेवता दिहलें. कहलें कि भोजपुरी के दुनिया का फलक पर चहुँपावे खातिर रविकिशन के आभार मनलन.

रविकिशन के पिछला चार साल से लगातार भोजपुरी सिनेमा के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के पुरस्कार मिलत आवत बा. अतने ना भोजपुरी के सबसे अधिक फिल्म कइला का साथेसाथ ऊ हिन्दी सिनेमा का बड़हन बड़हन बैनर में काम कर रहल बाड़े. उनकर आवे वाली हिन्दी फिल्मन में टीपी अग्रवाल के ना घर के ना घाट के, मणिरत्नम के रावण, आ श्याम बेनेगल के वेल डन अब्बा वगैरह शामिल बा.


स्रोत : उदय भगत