मल्टीप्लेक्स में भइल शिवा के प्रीमियर शो

Premier of Shiva आज भोजपुरी सिनेमा के बाजार दिन पर दिन बड़हन होखल जात बा आ एकरा निर्माणे में ना, प्रदर्शन आ प्रचारो का तौर तरीका में बदलाव आ रहल बा. एकरे ताजातरीन नमूना बा मूवी मुगल डा॰डी॰रामानायडू के फिल्म शिवा के प्रीमियर शो एगो मल्टीप्लेक्स में.

मुंबई का जागेश्वरी में २४ कैरेट मल्टीप्लेक्स में शिवा के प्रीमियर शो बहुते धूमधाम से कइल गइल जवना में भोजपुरी सिनेमा का साथ साथ हिन्दी सिनेमो के बहुते चेहरा देखाई दिहलन. सुरेश प्रोडक्शन का बैनर में बनल एह सामाजिक व्यावसायिक फिल्म के निर्माण डा॰डी॰रामानायडू आ निर्देशन जी॰सुब्बाराव कइले बाड़े. बढ़िया तकनीक का साथे बड़हन कैनवास पर बनल एह फिलिम में भोजपुरी किंग दिनेशलाल यादव शंकर नाम का एगो नौजवान का किरदार में बाड़े जवन पइसा ले के दोसरा के काम करेला. नायिका पाखी हेगडे पूजा नाम के एगो युवती का किरदार में बाड़ी जे बहुते हॉट अवतार में दिखाई पड़िहन एह फिल्म में. फिल्म के खास बात कामेडियन मनोज टाइगर के किरदार बसंत आ खलनायक का किरदार में सत्यप्रकाश के भूमिका बा.

मुंबई का सिनेमाघरन में रिलीज हो चुकल एह फिल्म के ओपनिंग शानदार रहल बा. प्रीमियर का मौका पर अमर उपाध्याय, पवन सिंह, पंकज केसरी, दुर्गा प्रसाद मजुमदार, अभय सिन्हा, आलोक कुमार, अशोक गुप्ता, असलम शेख, एमआई राजम हैरी फर्नाण्डिज, रवि भूषण, प्ेमचंद झा, आ विनय बिहारी समेत बहुते दिग्गज आइल रहलें.

>

स्रोत : प्रशान्त निशान्त