तीन भाषा में बनत बा मर्द नम्बर वन

Mard team अमिताभ बच्चन का बाद अब मर्द बने के बारी बा भोजपुरी फिल्मन के मेगा स्टार मनोज तिवारी मृदुल के जे तमिल, तेलुगू, आ भोजपुरी में बने वाली फिल्म मर्द नम्बर वन में नायक के भूमिका करे जा रहल बाड़न. फिल्म के निर्माता दक्षिण भारत के जानल मानल निर्माता बी सुब्बा रेड्डी हउवन जे एकरा पहिले खिलाड़ी नम्बर वन, निरहुआ नम्बर वन जइसन फिल्मन के निर्माण कर चुकल बाड़न. फिल्म के ३५ दिन के शूटिंग शेड्यूल हैदराबाद में शुरु हो गइल बा.

भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी पहिलका भोजपुरी सितारा हउवन जिनकर फिल्म तीन गो भाषा में एके साथ बनावल जा रहल बा. फिल्म का कहानी का बारे में बतावत मनोज तिवारी कहलें कि एकर कहानी पिछलका मर्द से एकदमे अलग बा जवना में अमिताभ बच्चन नायक रहलें. कहलें कि अमिताभ जी के कवनो जोड़ नइखे. एहसे उनका से कवनो तरह के तुलना कइल गलत होखी.

Mard Manoj निर्देशक रमना मोगली का निर्देशन में बने जा रहल मर्द नम्बर वन में मनोज तिवारी का साथे सायरा बानो, मनोज टाइगर, मुख्तार खान, मधु, चिट्टी बाबू वगैरह मुख्य किरदार बा लोग. निर्माता बी॰ ओबुल सुब्बारेड्डी कहलन कि मर्द नं॰ १ एक्शन पैक्ड फिल्म होखी. संगीतकार राजेश रजनीश, गीतकार विनय बिहारी, प्यारे लाल यादव, कथा लेखक बी ओबुल सुब्बा रेड्डी, संवाद सुरेन्द्र मिश्रा, छायांकन मोहन चांद, आ एक्शन नंदू के बा. कार्यकारी निर्माता एम किशोर, नृत्य निर्देशक मोहन सम्राट बाड़े. एह फिल्म में मनोज तिवारी के एक्शन अवतार नजर आई.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, आ प्रशान्त निशान्त से मिलल सामग्री का आधार पर