शुरु भइल कुरुक्षेत्र

Muhurt of Kuruchetra भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्देशक जगदीश शर्मा के नया भोजपुरी फिल्म कुरुक्षेत्र के शुरुआत पिछला दिने धूमधाम से हो गइल. दौलत मूवीज का बैनर में बनत एह फिल्म के निर्माता दौलत ठाकुर आ राजू सिंह हउवें. फिल्म में भोजपुरी के सुपरस्टार पवन सिंह आ हॉट गर्ल मोनालिसा के जोड़ी मुख्य भूमिका में बा. फिल्म के स्टार्ट तू फिनिश शेड्यूल आजुकाल्ह मुबंई के अलग अलग लोकेशन पर चल रहल बा.

फिल्म के मुहुर्त उल्हासनगर के विधायक कुमार एलानी नारियल फोड़ के कइलें. एह खुशगवार मौका पर पूर्व मेयर हरदास मखिजा, प्रकाश चिदवानी वगैरह लोग मीजूद रहे.

फिल्म के कलाकारन में पवन सिंह, मोनालिसा का अलावे विक्रान्त सिहं, लकी हीरोइन रुबी सिंह, बृजेश त्रिपाठी, हिमाक्षी, नन्हे पाण्डे, किरण कुमार, आ टीनू वर्मा बाड़े. कथा पटकथा मनोज हंसराज के, संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के, गीत विनय बिहारी, आ श्याम देहाती के, संगीत मधुकर आनन्द के, छायांकन मुकेश माख के, नृत्य निर्देशन रिक्की गुप्ता के, एक्शन शकील शेख के, आ कला देवेन्द्र तावड़े के बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त