असलम शेख के घात प्रतिघात

Muhurt of Ghaat Pratighaat भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्देशक असलम शेख के नया फिल्म घात प्रतिघात के संगीतमय मुहुर्त पिछला दिने मुंबई का ट्रायो डिजिटल स्टूडियो में धूमधाम से कइल गइल. आदिशक्ति इनंटरटेनमेंट के प्रस्तुति आ आदम मूवीज का बैनर में बने वाली एह फिल्म में भोजपुरी के तीन गो स्टार अदाकारा रानी चटर्जी, रिंकू घोष, आ मोनालिसा मौजूद बा लोग. एह लोग का साथ के तीनो नायकन के चुनल अबही बाकी बा.

भोजपुरी सिनेमा के बंधन टूटे ना, धरती कहे पुकार के, प्यार के बंधन, जनम जनम के साथ, विदाई, आ परिवार जइसन सुपरहिट फिल्म देबेवाला असलम शेख के एहू फिल्म में दर्शक सामाजिक समस्या से रुबरु होखीहें. बतावल जा रहल बा कि फिल्म मे एक्शनो के भरपूर तड़का देखे के मिली. फिल्म के निर्माता मोहम्मद असलम हउवें, कहानी आ पटकथा असलम शेख के बा, गीत संतोष पुरी आ आरआर पंकज के, संगीत धनंजय मिश्रा के, आ संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के होखी. अबहीं गाना के रिकार्डिग चलत बा आ अगिला महीना फिल्म फ्लोर पर चल जाई.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त