कलियुग का योद्धा में पत्रकार बनिहें मनोज तिवारी

Muhurt of Kaliyug Ke Yoddha मीडिया आ टीआरपी के खेल पर बनल रामगोपाल वर्मा के बहुचर्चित फिल्म रण के भोजपुरिया वर्जन देखे के तइयार हो जाईं. अब भोजपुरिओ में पत्रकारन का जिनिगी पर आधारित फिल्म कलियुग के योद्धा बनावल जा रहल बा जवना के पत्रकार के मुख्य किरदार में रहीहें मनोज तिवारी. फिल्म के निर्माण कार्पोरेट कंपनी लियो वन प्रोडक्शन (इंडिया) लिमिटेड के संदीप शुक्ला करत बाड़े आ निर्देशक बाड़े असलम शेख. आनलाइन निर्माता के काम देखीहें साजन अग्रवाल.

फिल्म के लांचिंग पार्टी पिछला दिने धूमधाम से मुंबई का अंधेरी में रेनेसेंस क्लब में करावल गइल त मीडिया के हुजूम उमड़ पड़ल. मीडिया से मुखातिब मनोज तिवारी कहलें कि भोजपुरी सिनेमा में प्रयोग के जरुरत बा. फिल्म के निर्माता संजीव शुक्ला आ निर्देशक असलम शेख पत्रकारन का जिनिगी पर पहिला बेर भोजपुरी में फिल्म बनावे के जवन प्रयोग करे जा रहल बाड़े तवन काबिले तारीफ बा. कहलन कि पत्रकार कर्मयोद्धा होखेलें आ हमनी का कर्मयोद्धा का साथे रण करे के तइयारी करत बानी जा.

एह फिलिम में मनोज तिवारी का साथे नायिका बाड़ी रिंकू घोष आ साथ में मुख्य किरदारन में डायनामिक एक्टर शुभम तिवाड़ी, अमर उपाध्याय, पंकज केसरी, आ बृजेश त्रिपाठी रहीहें. निर्देशक असलम शेख कहलें कि एह फिल्म से भोजपुरी में एगो नया फार्मेट के शुरुआत होखे जा रहल बा.

मुहुर्त का सुअवसर पर भोजपुरी के तमाम दिग्गज मौजूद रहलें जवना में अभय सिन्हा, मोहम्मद असलम, मधुसूदन मेहता, राजकुमार पांडे, मुकेश पांडे, सोनु त्रिपाठी, अशोक गुप्ता, रितेश ठाकुर, हैरी फर्नाण्डीज, मनोज टाइगर, आदि इरानी, मोनालिसा, प्रवेशलाल यादव, अजय दीक्षितम शैलेन्द्र श्रीवास्तव, पुष्पा वर्मा, अवधेश मिश्रा, संतोष श्रीवास्तव, जाकिर हुसैन, आ शिवा शामिल रहलें.

कलियुग के योद्धा के गीत विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के लिखल बा, सगीत धनंजय मिश्रा के, कहानी आ आनलाइन प्रोड्यूसर साजन अग्रवाल, पटकथा मनोज हंसराज के बा. फिल्म अगिला महीना सेट पर जाये वाली बा.


स्रोत : शशिकान्त सिन्हा, रंजन सिन्हा