मुम्बईया टपोरी का किरदार में जौनपुरिया भैया

Ravi Kishan जौनपुरिया भैया के जिक्र होखते फिल्म के शौकीन लोगन का जेहन में बस एके गो नाम सामने आवेला आ ऊ हवे भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार आ हिन्दी सिनेमा के जानल मानल अभिनेता रविकिशन के, जे छोटका परदा के हिट शो बिग बॉस का माध्यम से भोजपुरिया माटी के खूशबू गैर भोजपुरियन तक चहुँपवले. इहे वजह बा कि आज कई गो बड़हनो कंपनी भोजपुरी सिनेमा का निर्माण में लागल बाड़ी सँ.

अब उहे रविकिशन एगो मुम्बईया टपोरी का भूमिका में नजर आवे वाला बाड़े. मशहूर फिल्म निर्माता टीपी अग्रवाल के फिल्म ना घर के ना घाट के में रविकिशन मुंबई का गलियन में गुंडागर्दी करे वाला टपोरी मदन घचाक का किरदार में बाड़े. मदन घचाक जौनपुर से मुंबई आइल राहुल अग्रवाल के मदद करत बा. एह फिल्म के देख के केहू ना कह सकी कि ऊ भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार हउवें. सबे उनका के असली टपोरी मान लीहि.

अपना अभिनय के तारीफ से रविकिशन बहुते उत्साहित बाड़े. कहलन कि मदन घचाक के भूमिका बहुते चुनौती वाला रहुवे आ खुशी के बात बा कि ओम पुरी आ परेश रावल जइसन कलाकारन का बीच रविकिशन के तारीफ हो रहल बा.


स्रोत : उदय भगत