भारतीय लड़की के भूमिका करे चाहत बानी

स्रोत : प्रशान्त निशान्त, पटना (Ph.: 09934208664)

.......कहली साधिका रंधावा

Sadhika Randhawa

सावन कुमार के फिलिम सलमा पे दिल आ गया से फिल्मी दुनिया में कदम राखे वाली साधिका रंधावा आजुकाल्हु भोजपुरी फिलिमन में छा गइल बाड़ी. अब तक आइल उनुकर फिलिमन में भोजपुरी सुपर स्टार मनोज तिवारी का साथे प्यार के बंधन, आ पूरब, सुपर स्टार रवि किशन का साथे पाण्डव में बतौर नायिका काम कर चुकल बाड़ी. अब रविकिशन आ अमर उपाध्याय का साथे उनुकर फिलिम धरमवीर जल्दिये प्रदर्शित होखेवाला बा. पिछला दिनानी हिन्दी फिलिम ब्लैक एंड व्हाइट फैक्ट का पोस्ट प्रोडक्शन पर काम का दौरान उनुका से भेंट भईल. ओह मुलाकात के कुछ अंश एहिजा दिहल जा रहल बा.

भोजपुरी सिनेमा में काम करिके कइसन लागऽता?

बहुते अच्छा. हम त हमेशा से भारतीय लड़की के भूमिका निभावल चाहिले आ भोजपुरी फिलिमन में हमरा वइसने लड़की के भूमिका मिलत बाड़ी स.

धरमवीर में कइसन भूमिका बा?

धरमवीर में हम श्रद्धा नाम के एगो लड़की के किरदार निभवले बानी जे शहर से पढ़ाई पूरा करिके गाँव आवत बिया. ओकरा धरमसे प्यार हो जात बा जबकि वीर ओकरा से एकतरफा प्यार करत बा. धरम आ वीर दुनू दोस्त हउवें बाकिर कहानी का एगो मोड़ पर ओकरे चलते दुनू के दोस्ती में दरार पड़ जात बा. एह फिलिम के निर्माता जीते श दूबे आ निर्देशक असलम शेख हउवन. एह फिलिम में हमरा उपर कई गो सुपर हिट गाना फिल्मावल गइल बाड़ी स.

Sadhika Randhawa

रउरा त हिन्दीओ फिलिम में काम करेनी, कुछ ओकनी का बारे में बताईं.

अबहीं हमार कई गो हिन्दी फिलिम फ्लोर पर बाड़ी सन.ओहनी में आर्यमान आ सयाली भगत का साथे ब्लैक एंड व्हाइट फैक्ट, सरवर आहूजा का साथे मेरी पड़ोसन, आ इंटरनेशनल फिलिम फेस्टीवल में देखावल जा चुकल अशोक नंदा के रिवाज जल्दिये प्रदर्शित होखे वाली बा.

ब्लैक एंड व्हाइट फैक्ट के त बहुते चरचा हो रहल बा. ओकरा बारे में कुछ बताईं.

ब्लैक एंड व्हाइट फैक्ट में हम देश के पहिलका पुलिस आफिसर किरण बेदी के रियल लाइफ कैरेक्टर प्ले कर रहल बानी. ओहमें मशहूर चरित्र अभिनेता आशुतोष राणा हमरा जूनियर आफिसर का भूमिका में बाड़न. फेमिलि फेम के आर्यमान का साथे प्रेम करत विश्व सुन्दरी रह चुकल सयाली भगत आ हमार प्रेम त्रिकोण बा. फिलिम के निर्माता आ निर्देशक हरवंश एस लाली हउवन.


Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com