सुरसंग्राम खातिर चुनईलन मनोज मिश्रा मिहिर

स्रोत :- धर्मेन्द्र कुमार पाण्डेय, गोरखपुर

Manoj Mishra Mihir

महुआ टीवी पर आवे वाला सीरियल म्यूजिकल शो सुर संग्राम खातिर आजुकाल्ह अलग अलग शहरन से प्रतियोगी गायकन के चुनाव कईल जा रहल बा. गजेन्द्र कुमार के प्रस्तुति एह सीरियल के एंकरिंग भोजपुरी सिनेमा किंग मनोज तिवारी मृदुल करीहन. हाल ही में गोरखपुर से प्रतियोगियन के चयनमें करीब चार सौ प्रतिभागियन के आडिशन लिहला का बाद मशहूर गायक आ अभिनेता मनोज मिश्रा मिहिर के चुन लिहल गईल. अब ऊ एह कार्यक्रम के शूटिंग खातिर मुंबई जईहन.

मनोज मिश्रा मिहिर के फिल्मी कैरियर के शुरुआत रंग दे बसंती चोला से भईल रहे. ऊ महुआ चैनल पर बिहाने बिहाने कार्यक्रमों मे शामिल रह चुकल बाड़न आ दू एपिसोड कईले बाड़न.

Manoj Mishra Mihir

मनोज मिश्रा मिहिर टेलीकाम कंपनी एयरटेल के विज्ञापनो कर रहल बाड़न. एह जिंगल में उनकर लाईन लोग के बहुत पसन्द कर रहल बा. इहो पहिलके हालि भईलबा कि कवनो टेलीकाम कंपनी आपन विज्ञापन भोजपुरी में कर रहल बिया.


Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com