लव के लौटरी

Pravesh Lal Yadav

भोजपुरी फिल्मोद्योग में जूनियर निरहुआ के नाम से मशहूर लोक गायक आ अभिनेता प्रवेशलाल यादव के सुरीला आवाज आ रोमांटिक गीतन से सजल भोजपुरी म्यूजिक अलबम लव के लौटरी अब भोजपुरिया दिलोदिमाग पर राजकरे जा रहल बा. अलबम के शूटिंग पूरा हो गईल बा आ एकरा के जल्दिये बाजार में उतार दिहल जाई.

लव के लौटरी म्यूजिक अलबम में प्यारे लाल आ श्याम देहाती के लिखल नौ गौ गीत बाड़ी सन जवना के संगीत का सुर में सजवले बाड़न अजय प्रसन्ना. गीतन में आवाज बा दिनेशलाल यादव निरहुआ, प्रवेशलाल यादव, इन्दु सोनाली, आ खूशबू जैन के.

अलबम के निर्दैशन समर के॰ मुखर्जी कइले बाड़े. अलबम का विडियो में निरहुआ, जूनियर निरहुआ, आ पाखी हेगडे के नृत्य बा. नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के बा.

Also visit

स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624