भोजपुरी के उगत गायक निर्मल आनन्द

Nirmal Anand

अपना पहिलके म्यूजिक अलबम से आपन पहिचान बना लेबे वाला निर्मल आनन्द के जनम बिहार के वैशाली जिला के रामपुर सिंहारा में एगो सरकारी कर्मचारी, अब स्वर्गीय, लखन लाल का घर में १७ नवम्बर के भईल रहे. निर्मल आनन्द का मध्यमवर्गीय परिवार के दूर दूर तक संगीत भा गीत गवनई से कवनो नाता ना रहुवे. ओहिजा से चल के अपना लगन आ निष्ठा से भोजपुरी संगीत उद्योग का टेढ़मेढ़ राह से गुजरत अतना कम समय में आपन सपना पूरा कर लिहल कवनो छोट मोट बाति नइखे.

भोजपुरी संगीत का दुनिया में बड़ बड़ मगरमच्छ बाड़े जे उगत गायक गायिका के गरई मछरी जस जियते घोंट जाले. कैसेट बनावे खातिर ओकर घर दुआर खेत खरिहान बिकवा दिही लोग बाकिर ओकरा वापसी में कुछ मिली ना. बहुते लोग त मनमसोस के रहि जाला आ अपना के बेवकूफ बनावेवालन के राज जाहिर ना होखे देस. आ वइसने लोगन से ओह लोग के कारोबार चलत रह जाला.

खैर निर्मल आनन्द दिल्ली अइलें आ भोजपुरी गायकी से शुरु अपना सफर में म्यूजिक शो आ अभिनय तक राह बना लिहलन. अपने लिखल गीतन पर अपने बनावल संगीत पर अपने अदाकारी से पूरा म्यूजिक अलबम बना डललन. साथ में नायिका का रोल में रहली मनीषा पाण्डे जे बालीओवुड में काम करे लागल बाड़ी.

Music Album Ai Skirt Wali

आजु जब भोजपुरी संगीत का दुनिया पर निरहुआ आ मनोज तिवारी जइसन स्टार गायकन के कब्जा बा अपने आवाज के इस्तेमाल करे के फैसला बड़ जोखिम वाला रहे बाकिर निर्मल के रिस्क लेबे के हिम्मत उनका अलबम के सफलता दिअवा दिहलसि आ ए स्कर्ट वाली एगो लोकप्रिय अलबम बन गईल. बकौल निर्मल आनन्द अलबम में उनका अलबम में भोजपुरी संस्कारन के पूरा खयाल राखल गईल बा आ आगहू ऊ भोजपुरी संस्कारन का सीमा रेखा के पार ना जईहन.

निर्मल आनन्द आजुकाल्हु अपना नया अलबम पर लागल बाड़न जवना के शूटिंग शुरु होखे वाला बा. रिकार्डिंग के काम दिल्ली रिकार्डिंग स्टुडियो में चल रहल बा. एह अलबम में भोजपुरी के सेमी क्लासिकल संगीत के इस्तेमाल करे के इरादा बा. नयको अलबम में मनीषा पाण्डे काम कर रहल बाड़ी.

निर्मल आनन्द से संपर्क करे खातिर 09910555854 पर फोन कर सकीलें


( निर्मल आनन्द से फोन पर भईल बातचीत का आधार पर )