सुर संग्राम : संगीत जगत में सम्मान के लड़ाई

महुआ चैनल पर देखावल जाये वाला एगो सम्मान के शो में भारत के सांस्कृतिक रुप से धनी दू गो राज्य उत्तर प्रदेश आ बिहार से बारह बारह गो प्रतिभागी बोलावल गइल बाड़े. अन्तिम प्रतिभागियन के चयन भोजपुरी सिनेमा आ संगीत जगत के जानल मानल हस्तियन का सामने कड़ा प्रतियोगिता का बाद कइल जाई.

Manoj Tiwari as a host of Sur Sangram serial on Mahuaa TV Channel

सुर संग्राम का नाम से जानल जाये वाला ई कार्यक्रम यूपी आ बिहार के प्रतिभागियन के आपन संगीत क्षमता देखावे के मौका देबे वाला मंच बा जवना में प्रतिबागी कड़ा प्रतियोगिता से निखर के विजेता के ताज पहिनिहें.

मालिनी अवस्थी, कल्पना आ हर हफ्ता शामिल होखे वाला मेहमान, एगो मशहूर व्यक्तित्व, जइसन जजन का उपस्थिति में सुर संग्राम के प्रतिभागी भोजपुरी लोकगीत आ गीत गइहन जवना में से विजेता के चयन जज लोग करी.

भोजपुरी के लोकप्रिय सितारा मनोज तिवारी एह कार्यक्रम के जजमानी करीहन. मनोज तिवारी एगो बहुआयामी कलाकार हउवन. लोक गायकी से शुरु कर के भोजपुरी फिल्म जगत के चमकत सितारा बन जाये वाला मनोज तिवारी असंख्य गाना गा चुकल बाड़े आ चक दे बच्चे आ सुर संग्राम के जजमानी कर चुकल बाड़े. एह कार्यक्रम में ऊ महाभारत के कृष्ण लेखा रहिहन. काहे कि ऊ बिहार आ यूपी दुनू से जुड़ल बाड़े.

अब देखे के बा कि बिहार आ यूपी में से कवना राज्य के लोग अपना जवारी के विजेता बनत देखीहन? जाने के बा त हर शुक आ शनिचर के रात साढ़े बजे से एह कार्यक्रम के भोजपुरी के पहिलका मनोरजंन चैनल महुआ पर देखल करीं.

प्रतियोगिता स्थल : लखनऊ, नोएडा, दिल्ली, रांची, पटना, गया, गोरखपुर, छपरा, कोलकाता, मुंबई, बनारस, बलिया, इलाहाबाद, आ भागलपुर.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624