विदेशो में चल गइल हे महादेव के जादू

भगवान शिव के महिमा देखीं कि फ्रंटलाइन इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति एम सीरीज म्यूजिक कंपनी के पहिलके अलबम हे महादेव भारते में ना विदेशो में आपन जादू चला दिहलसि आ बिक्री के रिकार्ड बना दिहलसि. अकेले भारत में एह अलबम के दू लाख से अधिका कापी बिका गइली सन, साथही मारीशस, सूरीनाम, आ त्रिनिदादो में एह अलबम के जोरदार बिक्री हो रहल बा.

भोजपुरी स्टार अभिनेता आ लोक गायक मनोज तिवारी मृदुल के मधुर आवाज में भगवान शंकर के आराधना आ अलबम के दोसरो गाना नैनो कार आइल बा आ पेप्सी पियल करा के लोग खूब पसन्द कर रहल बा. फ्रंटलाइन कंपनी के चेयरमैन डा॰संजय सिन्हा आ प्रबन्ध निदेशक एन के सिंह के कहनाम बा कि अलबम के जवना तरह से पसन्द कइले बा लोग ऊ एगो रिकार्डे बा. म्यूजिक कंपनी एमसीरीज के निदेशक रानी तिवारी ओ बहुते उत्साह में बाड़ी आ कहले बाड़ी कि उनका कंपनी के पहिलके अलबम हे महादेव के जवना तरह से शिवभक्त हाथोहाथ लिहले बाड़े ओकरा खातिर उनकर कंपनी शिवभक्तन के आभारी बिया.

हे महादेव के गीत श्याम देहाती लिखले बाड़न जबकि संगीत मधुकर आनन्द के हऽ.

स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806