भोजपुरी दर्शकन के चहेती कल्पना एगो नया चैट शो में

स्टार टीवी पर शुरु होखे जा रहल एगो नया चैट शो तेरे मेरे बीच में पेश होखे जा रहल बा जवना में भोजपुरी दर्शकन के चहेती गायिका कल्पना शामिल हो रहल बाड़ी. कल्पना धीरे धीरे बालिवुड में आपन पँख पसरले जा रहल बाड़ी आ अब हिन्दी के जानल मानल गायकन, जइसे कि जावेद अली, पार्थिव गोहिल, नरेश हाण्डा, राजा हसन, शैल हाडा, आ नरेश अय्यर, में आपन सम्मानित जगह बना लिहले बाड़ी.

Tere Mere Beach Mein

आसामी मूल के कल्पना आजु उत्तर भारतीय लोगन के चहेता बन गइल बाड़ी आ भोजपुरी क्वीन कहल जाली.

अब गायिका कल्पना स्टार टीवी के एगो नया चैट शो तेरे मेरे बीच में आ रहल बाड़ी. शाहरुख खान के कंपनी रेड चिली इन्टरटेनमेंट के बनावल आ फराह खान के मेजबानी में होखे वाला एह शो में अलग अलग धर्म मजहब के लोगन के शादी पर चर्चा होखी. हर धर्म भा मजहब एके तरह के निमन बात कहेले आ समय का साथ साथ धर्म के विभाजक रेखा खतम होत जा रहल बा. आजु का दौर में आदमी अपना गुण अवगुण से बेसी चिन्हाला बनिस्बत अपना धर्म मजहब के. आजु दू धर्म के माने वाला लोगन का बीच के शादी ब्याह आम बात होत जा रहल बा. तबो अइसनका कवनो शादी के सफलता के सबले बड़हन शर्त बा कि एक दूसरा का प्रति सम्मानजनक, जिम्मेदार, ईमानदार आ समर्पण के भावना राखल जाव.

तेरे मेरे बीच में नाम के एह शो में अन्तर्धर्मीय शादी से होखे वाली समस्या आ ओकरा समाधान का बारे में चर्चा करे वालन में कल्पना, कल्पना के पति परवेज खान, करीना कपूर इ जाने तू जाने ना से मशहूर इमरान खान शामिल बाड़े. शो के प्रोमोआवल शुरु हो गइल बा आ अगस्त का आखिर में ई शो स्टार प्लस पर देखावल शुरु हो जाये के उमेद बा.