पंकज प्रवीण के नया अलबम

भोजपुरी संगीत के जन जन तक चहुँपावे के लक्ष्य ले के बनल नया म्यूजिक कम्पनी भोजपुरिया म्यूजिक का नाम से शुरु भइल बा. कंपनी आपन पहिलका अलबम का रुप में भोजपुरी के उभरत नौजवान गायक पंकज प्रवीण का आवाज में चाहत में सनम नाम के एलबम बनावे के घोषणा कइले बिया. एह अलबम में पंकजे प्रवीण के लिखल रोमांटिक गीत बाड़ी सन. पंकज के नौजवान रुप उनुका के भोजपुरी सिनेमो में लांच कर देव त अचरज ना होखे के चाहीं काहे कि भोजपुरी सिनेमा में एग परम्परा जइसन बन गइल बा गायक अबिनेता लोग के सफलता के.

Album of Pankaj Praveen

भोजपुरिया म्यूजिक कंपनी के निर्देशक के दावा बा कि "कुछ स्वार्थी लोगों की वजह से भोजपुरी संगीत अश्लीललता का पर्याय बना चुकी है, जिस पर रोक लगाना आवश्यक है." कहलन कि जब लोग के निमन आ साफ सुथरा गाना सुन के मिले लागी त अश्लील संगीत अपने मौत मर जाई."

कुल आठ गाना वाला एह एलबम के सगरी गीतन के रिकार्डिंग पूरा हो चुकल बा आ अब ओह गीतन के पूर्वांचल का अलगा-अलगा जगहन पर फिल्मावे के काम चलत बा. अलबम के गायक, गीतकार, आ संगीतकार पंकज प्रवीण कहऽतारें कि - "भोजपुरी संगीत में जारी भेडचाल का दौरका बीचे ई एलबम एगो नया अहसास जइसन बा. एकरा के सुनला के बाद राउर भोजपुरी संगीत के प्रति नजरिये बदल जाई."

एह अलबम के संयोजक नवीन भोजपुरिया एकरा के एगो अलगे थीम पर बनल अलबम बतावत कहलन कि ई भोजपुरी संगीत के स्तर उठावे का दिशा में एगो ऐतिहासिक पहल बा. अपना रिलीज से पहिलही भोजपुरियन का बीचे चर्चा में आ चुकल एह अलबम के जनवरी में खिचड़ी के बाद देश भर में रिलीज कइल जाई.

स्रोत : पी॰ पी॰