प्रतिभा सिंह के नया भोजपुरी एलबम - मेहरारू ना पईबऽ

Album of Pratibha Singhकोलकाता के सुपरिचित गायिका प्रतिभा सिंह के एगो नया भोजपुरी एलबम स्काई म्यूजिक कंपनी जारी कइले बा जवना के नाम बा मेहरारू ना पईबऽ. एह अलबम में प्रतिभा सिंह अपना गायकी के हुनर का साथेसाथ अपना अभिनयो क्षमता देखवले बाड़ी.

एह एलबम का पहिले ऊ दू गो भोजपुरी फ़िलिम, अभिषेक चड्ढा निर्देशित 'भाई होखे त भरत नियन' आ संजीव टोनी निर्देशित 'बहिना तोहरे ख़ातिर' में अभिनय कर चुकल बाड़ी. उनकर दर्ज़न भर से अधिका कैसेटो सीडी आ चुकल बाड़ी सन. नयका एलबम में प्रतिभा हर वर्ग के संगीत प्रेमियन के ख्याल रखले बाड़ी. गाना सब में सामाजिक संदेश क साथ साथ मनोरंजनो पर भरपूर जोर दिहल बा. दू गो आइटम सांग बाड़ी सन जवनन के सुन के लोग अपना के थिरके से ना रोक पाई.

एलबम में लिहल गीत उमेश छैला, डॉ.अभिज्ञात, शशिधर सिंह आ बूटन हबारी के लिखल बाड़ी सन. संगीत दिहले बाड़न बीसन साल से संगीत जगत में आपन खास पहचान बना चुकल नगेन्द्र चौधरी. निर्देशन अशोक जयसवाल के हऽ. कोरियोग्राफ़ी पायल मिश्रा के आ सिनेमेटोग्राफ़ी आशुतोष मिश्रा के.

स्काई म्यूजिक कंपनी एह वीडीओ सीडी मेहरारू ना पईबऽ के दाम तीस रुपिया रखले बा.