कल्पना के ना चाहीं बिहारी बलम

Kalpana on the beach अइसन बात नइखे कि भोजपुरी स्वरकोकिला कल्पना कवनो बिहारी के बलम बनावे से इन्कार कइले बाड़ी, बलुक ई त जल्दिये रिलीज होखे जा रहल भोजपुरी फिलिम निरहुआ नं॰ १ के उनकर गाना हऽ जवना के बोल बा, हमका ना चाहीं बिहारी बलम, आ जवन आजुकाल्हु पूरबी हिन्दुस्तान में ढेरे चर्चित हो गइल बा. एह फिलिम में कल्पना पांच गो गाना गवले बाड़ी आ उहो अलग अलग अंदाज में.

चम चम चमके .... में जहाँ असम के चाय बागाब आ झारखण्ड के पारम्परिक लोक शैली बा जवना के साउथ के कई गो संगीतकार मिल के संगीत निर्देशक राजेश रजनीश का निर्देशन में सजवले सँवरले बा, ओहिजे प्रेमी प्रेमिका आ मरद मेहरारू के इमोशनलल प्यार आ अनुभूति जगावत गाना सईंया धीरे धीरे ... में ठेठ भोजपुरिया शैली बा. भोजपुरी स्वर कोकिला कल्पना अपना गवनई में हमेशा नया नया अंदाज डाले खातिर मशहूर हई जेहसे कि भोजपुरी के इलाकाई माहौल से उपर उठा के विश्वस्तरीय बनावल जा सके. कल्पना के एही अंदाज का चलते उनका के अनेके क्षेत्रिय भाषा के गाना गावे के मिलल बा आ बालीवुडो उनका के ससम्मान अपनवले बा. कल्पना कई गोहिन्दी फिलिमन में गाना गा चुकल बाड़ी जवन काफी चर्चित रहली सँ. दे दना दन में जहाँ उनकर गाना विवाद में घिरल रहल ओहिजे बिल्लू खातिर उनकर जम के तारीफ भइल बा.

हाल फिलहाल रिलीज होखे जा रहल उनकर फिलिमन में अक्षय कुमार के खट्टामीठा आ पायरेट, सन्नी देओल के राईट या रौंग, आ भोजपुरी के सात सहेलिया, बलिदान, सईंया का साथे मड़ईया में खास बाड़ी सँ. केन्स फिल्म फेस्टिवल में शामिल फिलिम साँचा खातिरो ऊ गवले बाड़ी.


स्रोत : रंजन सिन्हा