Bhojpuri Film/ Songs/Music

फिल्मी हलचल - 3

भोले शंकर के म्यूजिक रिलीज

Mahesh Bhatta. भोजपुरी के बिग बजट फिल्म भोले शंकर के म्यूजिक रिलीज २५ जुलाई के मुंबई का टाइम एंड अगेन होटल में रात के नौ बजे कईल जाई. मशहूर फिल्मकार महेश भट्ट एह आयोजन के मुख्य अतिथि होखिहन. मनोज तिवारी मोनालिसा वगैरह का साथ फिलिम के पूरा यूनिट मौजूद रही. फिल्म के संगीतकार धनंजय मिश्रा, गीतकार बिपिन बहार गायक राजा हसन, गायिका मौली दवे, पूनम वगैरह के भी मौजूद रहे के उमेद बा. एह फिलिम के निर्माता गुलशन भाटिया आ निर्देशक पंकज शुक्ला हवें. फिलिम के मुख्य किरदार में मनोज तिवारी, मिथुन चक्रवर्ती, मोनालिसा, लवी रोहतगी, शबनम, नरेन्द्र पजवानी वगैरह बाड़े.

२१ जुलाई २००८, सोमवार

अमर उपाध्याय बनलन निर्माता

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना 09934208664

टीवी पर मिहिर विरानी का रूप में मशहूर नायक आ हिन्दी फिल्मन के जानल मानल अभिनेता अमर उपाध्याय निर्माता बनि के फ्राइडे फिल्म्स का बैनर तले भोजपुरी फिलिम बबुआ हमार बनवले बाड़े जवन अब बन के तईयार बा आ जल्दिये प्रदर्शित होखे वाला बा. उनकर पत्नी हितल उपाध्याय आ सहयोगी डॉ॰ देवदत्त कपाड़िया सह निर्माता बा लोग. बबुआ हमार के निर्देशक राष्ट्रीय पुरस्कार प्राप्र आनन्द डी गहतराज हउवे. आजु के गुमराह होत युवा पीढ़ी पर बनल एह फिलिम के मुख्य किरदार नायक का रुप में अमर उपाध्याय का संगे मोनालिसा, प्रवीण सिंह सिसोदिया, मनीष महिवाल, शिवम तिवारी, उदय श्रीवासस्तव, आ मोना राय निभवले बा लोग.

अमर उपाध्याय के कहनाम बा कि जब ऊ भोजपुरी फिल्मन में काम कईल शुरू कइलन त उनुका ई भाषा बहुत मीठ लागल आ एकर मार्केटो उज्जवल लउकल, से ऊ फिलिम निर्माण का क्षेत्रमें गोड़ डाल दिहलन.

२१ जुलाई २००८, सोमवार

स्टार से बढ़ के ई स्टार

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना 09934208664

आजु काल्हु पालीवुड के निर्माता लोगन के पहिलका पसन्द मनोज सिंह टाईगर सफलता के गारण्टी बन चुकल बारे. चलत मुसाफिर को मोह लियो रे से अपना कैरियर के शुरुआत करेवाला मनोज सिंह टाईगर का खाता में अब तक के सबले बड़ हिट फिल्म आ सिल्वर जुबिली फिल्मन के लाइन लाग गईल बा. निरहुआ रिक्शावाला में बताशा चाचा के किरदार के जीवन्त बना देबे वाला मनोज टाइगर के गवनवा ले जा राजाजी, रंगीला बाबू, हो गईल बा प्यार ओढ़निया वाली से, कइसे कहीं तोहरा से प्यार हो गइल आ निरहुआ चलल ससुराल बाक्स आफिस पर धमाल मचा चुकल बाड़ी सन. हालही में प्रदर्शित लागल रहऽ ए राजाजी मं इनकर पार्टनर केकिरदार के दर्शक काफी पसन्द कइले बाड़े. हाल ई बनि गइल बा कि मनोज टाइगर के एंट्री होखऽते शुरु हो जाला हँसी के ठहाका.

मनोज सिंह टाइगर आजु भोजपुरी सिनेमा के सबले महँग कामेडियन बन चुकल बाड़े. एकरा अलावे ऊ जीटीवी का नागिन सीरियलो में आपन धाक जमा दिहले बाड़े.

२१ जुलाई २००८, सोमवार

विनय आनन्द बनलन गायक

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना 09934208664

भोजपुरी सिनेमा में गायकी के सफलता का बाद अभिनेता बने के फार्मूला अतना हिट हो गईल बाकि एब अभिनेतो से गायक बने के शुरुआत हो चुकल बा. गोविन्दा के भाँजा विनय आनन्द अब गायक बन चुकल बाड़े. सुपर हिट फिल्म चाचा भतीजा, आ ऐ बलम जी में शानदार अभिनय कर चुकल विनय आनन्द के ई नया रुप आवे वाली भोजपुरी फिल्म जाड़ा में बलमा प्यार लगे में देखे के मिली.

एह फिलिम में श्याम जी श्याम के लिखल गीत के अमन श्लोक का धुन पर विनय आनन्द गवले बाड़े.

२१ जुलाई २००८, सोमवार

भोजपुरी के त्रिमूर्ति आलोक कुमार का फिलिम में

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना 09934208664

भोजपुरी के सुपर निर्माता आलोक कुमार के राजा भोजपुरिया, हो गईल बा प्यार ओढ़निया वाली से, गवनवा ले जा राजाजी, आ निरहुआ चलल ससुराल बाक्स आफिस पर धमाल मचवले बाड़ी स. अब आलोक कुमार जवन धमाल मचावे जा रहल बाड़े ओकर सपना त ढेरे लोग देखऽल बाकि सफल ना भईल. बनारस में इटीवी का भोजुरी सिनेमा सम्मान समारोह २००८ में सार्वजनिक मंच से आलोक कुमार घोषणा कईलन कि ऊ रविकिशन मनोज तिवारी निरहुआ के ले के फिलिम बनईहें.

एह घोषणा पर मोहर तब लाग गईल कि भोजपुरी के तीनो स्टारो लोग ओहि मंच से सार्वजनिक रूप से एकर स्वीकृति दे दिहल. आलोक कुमार एह फिलिम पर काम करे के शुरु कर दिहले बाड़े आ अबहीं कहानी पर काम चल रहल बा.

२१ जुलाई २००८, सोमवार

मशहूर अभिनेता किरण कुमारो अब भोजपुरी परदा पर लउकिहन.

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना 09934208664

हिन्दी सिनेमा के जानल मानल चरित्र अभिनेता किरण कुमार अब जल्दिये भोजपुरी सेनेमा में आपन जलवा देखावे वाला बाड़न. आस्था फिल्म्स इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल सजन परदेसिया में किरण कुमार फिलिम के नायक विनय आनन्द के पिता के किरदार में बाड़न.

पवन कुमार आ दिनेश शुक्ला के निर्मित एह फिलिम के निर्देशक अवनि अग्रवाल बाड़े. बकौल किरण कुमार भोजपुरी भाषा उनुका बड़ा मीठ लागल आ सजन परदेसिया एगो साफ सुथरी परिवारिक फिलिम बा जवना में संस्कार झलऽकत बा. गँवई पृष्ठभूमि में औरतन क जिनिगी एह फिलिम का फोकस में बा. ई फिलिम दर्शकन के दिल जरुरे जीत ली. एह फिलिम के गीत विनय बिहारी लिखले बाड़े आ संगीत के सुर में बन्हले बाड़े संजीव राणा.

२१ जुलाई २००८, सोमवार

Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com