फिल्मी हलचल - 5

एह अंक में

जाड़े में बलमा प्यारा लागें

कल्पना के चाहीं लालू के समर्थन

विधाता में दू गो सुपर स्टार

धरमवीर में रवि किशन आ अमर उपाध्याय के जलवा

सिंदूरदान के संपादन

निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय का दूनू हाथ में लड्डू बा.

निरहुआ के लगातार दू गो फिलिम सुपरहिट भईल

पटना से प्रशान्त-निशान्त (Ph.: 09934208664) के अगस्त का पहिलका हफ्ता में भेजल समाचार.

जाड़े में बलमा प्यारा लागें के शूटिंग पूरा.

एम के जी फिल्म्स के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम जाड़े में बलमा प्यारा लागें के शूटिंग पिछला दिनानि मुंबई आ राजपिपला का लोकेशनन पर पूरा हो गइल. सुंदर दास शोखिया द्वारा प्रस्तुत एह फिलिम के निर्माता मुकेश कुमार हउवें आ निर्दैशन कईले बा देव मुकेश के जोड़ी.

एह फिलिम के मुख्य किरदारन में विनय आनन्द, मोनालिसा, बाली, गुरलीन चोपड़ा, संतोष श्रीवास्तव, मोना रे, देव मल्होत्रा, माया यादव, ब्रजेश त्रिपाठी, अरुण वर्मा, राम मिश्रा, मनोज नाथवानी आ आइटम क्वीन सम्भावना सेठ बा लोग.

एह फिलिम के सहनिर्माता सत्यवान पारेख आ अनुपम ध्रुव, कार्यकारी निर्माता संजय कुमार सिंह, गीतकार श्यामजी श्याम, संगीतकार अमन श्लोक, छायाकार मनीष भट्ट, संपादक जितेन्द्र सिंह, एक्शन शकील शेख, आ नृत्य निर्देशन रिक्की गुप्ता आ ज्योति आनन्द के बा.

Go to Top

पटना से प्रशान्त-निशान्त (Ph.: 09934208664) के अगस्त का पहिलका हफ्ता में भेजल समाचार.

कल्पना के चाहीं लालू के समर्थन

एनडीटीवी चैनल पर प्रसारित हो रहल चर्चित कार्यक्रम जुनून...कुछ कर दिखाने का में भाग लेत भोजपुरी गायिका कल्पना के तमन्ना बा कि रेलमंत्री लालू प्रसाद कार्यक्रम में आ के भोजपुरी का बेहतरी खातिर उनुकर हौसला अफजाई करसु.

म्यूजिक रियलिटी शो जुनून... कुछ कर दिखाने का में लोकगायकन के टीम माटी के लाल के प्रतिनिधित्व करत कल्पना एह कार्यक्रम में बिहार, यूपी आ असम के लोकगीतन के जलवा बिखेर रहल बाड़ी. दुख के बात बा कि कल्पना के भोजपुरी क्षेत्र से जतना समर्थन मिले चाहत रहे ओतना नइखे मिलत. कल्पना चाहत बाड़ी कि अगर लालू जी कार्यक्रम में आ के उनुकर नैतिक समर्थन कर देसु जेहसे कि भोजपुरी के डंका पूरा संसार में बाजत रहो.

का लालू भईया सुनत बानीं?

Go to Top

पटना से प्रशान्त-निशान्त (Ph.: 09934208664) के अगस्त का पहिलका हफ्ता में भेजल समाचार.

विधाता में दू गो सुपर स्टार के टक्कर

भोजपुरी सिनेमा के दू गो सुपर स्टार अब एक दोसरा का साथे लड़त नजर अईहन आ उहो जबरदस्त अंदाज में. गनीमत अतने बा कि ई परदा पर के लड़ाई हऽ आ लउकी भोजपुरी मल्टी स्टारर फिलिम विधाता में.

विधाता में पहिलका हालि रवि किशन आ निरहुआ एक साथे काम कइले बाड़े.श्री एंटरटेनमेंट प्रोडक्शन के प्रस्तुति आ पी के क्रिएशन के कृति आ निर्मात्री प्रतिभा सिंह आ निर्माता वीर सिंह के फिलिम विधाता के निर्देशन मसालेदार आ कमर्शियल फिलिमन के मशहूर निर्देशक हैरी फर्नांडिजके बा. एहमें रवि किशन आ निरहुआ का साथे साथ पंकज केसरी, पाखी हेगडे, प्रतिभा पाण्डेय, अनारा गुप्ता, पूनम सागर, ब्रजेश त्रिपाठी, मनोज टाइघर, गोपाल राय, माया यादव आ अवधेश मिश्रा बाड़े. आइटम क्वीन संभावना सेठ अपना आइटम से दर्शकन के नचा के राख दीहें.

हैरत अंगेज एक्शन सीन से भरल एह फिलिम में रवि किशन आ निरहुआ जवान ठाकुरन का भूमिका में बा लोग जे कुछ गलतफहमी में पड़ि के एक दोसरा के जान के दुश्मन बन जा ता लोग.

विधाता के गीतकार विनय बिहारी आ संगीत गुणवन्त सेन आ लाल सिन्हा के बा. विधाता बिहार झारखण्ड में ८ अगस्त के रिलीज होखे वाला बा.

Go to Top

पटना से प्रशान्त-निशान्त (Ph.: 09934208664) के जुलाई अन्तिम हफ्ता में भेजल समाचार.

धरमवीर में रवि किशन आ अमर उपाध्याय के जलवा

८ अगस्त से रिलीज धरमवीर में भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रवि किशन आ टीवी सीरियल के चर्चित चेहरा अमर उपाध्याय के अभिनय दर्शकन के मन मोहहीं वाला बा. एह फिलिम के निर्देशन असलम शेख के बा जे एकरा से पहिले बंधन टूटे ना, धरती कहे पुकार के, आ प्यार के बंधन जइसन हिट फिलिमन के निर्देसन कर चुकल बाड़े.

एह फिलिम में रवि किशन आ अमर उपाध्याय का साथे सादिका रंधावा, सुमन नेत्री, किरण कुमार, ब्रजेश त्रिपाठी, पृथ्वी सिंह, गोपाल राय, आलोक यादव, मेहनाज, नीलिमा सिंह, सुदेश कौल, डी सत्यनारायण उजाला, वंदना, रुपा सिंह, पूजा सोनी आ सपना बा लोग.

धरमवीर के सह निर्माता दीपक दूबे, गीतकार बिनय बिहारी, संगीतकार धनंजय मिश्रा आ कार्यकारी निर्माता सतीश उपाध्याय बाड़े.

Go to Top

पटना से प्रशान्त-निशान्त (Ph.: 09934208664) के जुलाई अन्तिम हफ्ता में भेजल समाचार.

सिंदूरदान के संपादन

सानिया मीडिया एंटरटेनमेंट का बैनर तले बन रहल भोजपुरी फिलिम सिंदूरदान के संपादन आजुकाल्हु जोर शोर से मुंबई में चल रहल बा. संजय मिश्रा के बनावल एह फिलिम के निर्देशक के॰डी॰ बाड़े आ मुख्य किरदारन में प्रसिद्ध लोकगायक पवन सिंह, गुरलीन चोपड़ा, गौरव घई, मोनालिसा, जफर खान, प्रकाश जैस, किरण यादव, रीमा आ पूजा जैन बा लोग. कहानी आ गीत बिनय बिहारी के बा, संगीत राजेश गुप्ता के, छायाकंन फिरोज खान के बा. कार्यकारी निर्माता बाड़े चेतन पारेख.

Go to Top

पटना से प्रशान्त-निशान्त (Ph.: 09934208664) के जुलाई अन्तिम हफ्ता में भेजल समाचार.

निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय का दूनू हाथ में लड्डू बा.

आजुकाल्हु भोजपुरी के जानल मानल निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय का दूनू हाथ में लड्डू बा आ ऊ बहुते खुश नजर आवत बाड़न. आखिर काहे ना खुश होखसु जब उनुकर दू दू गो फिलिम बाक्स आफिस पर धमाल मचवले होखऽ सन.

निर्माता राजकुमार प्रसाद के लागल रहऽ ए राजा जी त इतिहासे बना दिहले बा. नाग नागिनो अपना नया स्टार कास्ट का बावजूद सशक्त मेकिंग आ निर्दैशन का बदौलत दर्शकन के प्यार पा रहल बा. एह फिलिमन के हिट भईला का बाद निर्देशक राजकुमार आर पान्डेय का लगे फिलिमन के झड़ी लाग गइल बा. निरहुआ के संगे ऊ नरसंहार के शूटिंग करा रहल बाड़े त निर्माता सुभाष पासी के भईया के ससुरारी में फ्लोर पर आ गईल बा. महेश पाण्डेय मोशन पिक्चर्स के अयोध्या भी कर रहल बाड़े आ निरहुआ इंटरटेनमेंट के आ आदि शक्ति इंटरटेनमेंटो के फिलिम राजकुमार आर पाण्डेय निर्देशित कर रहल बाड़े.

सफलता एकरा के ना कहल जाई त केकरा के कहल जाई?

Go to Top

पटना से प्रशान्त-निशान्त (Ph.: 09934208664) के जुलाई अन्तिम हफ्ता में भेजल समाचार.

निरहुआ के लगातार दू गो फिलिम सुपरहिट भईल

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार आ जुबिली स्टार कहाये वाला गायक अभिनेता दिनेशलाल यादव निरहुआ के जादू दर्शकन का माथ पर चढ़ले बा. तबहियें त एगो ना दू दू गो फिलिम सफलता के नया नया कीर्तिमान बनवले जात बाड़ी सन. इंडस्ट्री के सूत्रन से मिलल खबर बतलावत बा कि लागलरहऽ ए राजा जी बिहार यूपी के सिनेमाघरन में शुरुआती सात हफ्ता में एक करोड़ के कारोबार कर चुकल बा. बिहार के कई गो सिनेमाघरन में ई फिलिम पचासवाँ दिन मना चुकल बा. निर्माता रामाकान्त प्रसाद आ निर्देशक राजकुमार आर पान्डेय के ई फिलिम भोजपुरी सिनेमा का प्रति लोगन के विश्वास बढ़ा दिहले बाड़ी सन.

निरहुआ के खिलाड़ी न.१, विधाता, प्रतिज्ञा, बाहुबली आ नरसंहार आवे वाली बाड़ी सन.

Go to Top

Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com