हम भोजपुरी लोकगीत का म्यूजिक में नया प्रयोग कर के आपन एगो नया पहिचान बनावल चाहत बानी.

....कहलन पंकज प्रवीण

Pankaj Praveen, Bhojpuri Singer

उभरत गायक पंकज प्रवीण से एगो बातचीत के अंश नीचे दिहल जा रहल बा.

पंकज जी, पहिले अपना बारे में कुछ बताई ?

हमार घर उत्तर प्रदेश के बहराइच जिला में बा. बचपन के पढ़ाई गाँव में कईला का बाद बहराइच शहर में आ गइनी आ ६ठवीं क्लास से ले के ग्रेजुएशन तक के पढ़ाई ओहिजे से कईनी. हमार पापा जी एगो साधारण किसान हई, जे खेती किसानी से समय बचला के बाद एगो डॉक्टर का रूप में समाज सेवा भी कर लिहीना. हमरा अलावा अभी सब लोग गाँवहीं में ही रहेला.

भोजपुरी क्षेत्र में ना रहला के बादो भोजपुरी से अतना लगाव कइसे बा ?

ई बात सही बा कि हमार आ हमरा पापा जी के जनम बहराइचे में भईल. बाकिर हमार दादा जी करीब पचास साल पहिले बिहार छोड़ के बहराइच आ के बस गइल रहनी. पचास साल बादो हमनी के घर परिवार आ संस्कार भोजपुरीये आ बिहारीये बा. हमरा गाँव में ९० फीसदी लोग बिहार भा पूर्वी उतेर प्रदेश से बा. कह सकीले कि कुल मिला के हमरा गाँव के माहौल एगो मिनी बिहारे नियन बा. बचपन में त हमरा इहो पता ना रहे की भोजपुरी का होला और हिन्दी का होला. एही वजह से हमरा भोजपुरी से अतना लगाव बा.

भोजपुरी लेखन आ संगीत में रूचि कब से जागल?

जब हम आगे के पढ़ाई करे शहर में अईनी त बहुते सारा लोग से मुलाकात आ जान पहिचान भईल. लोगन से बातचीत कइला का बादे हमरा अपना मातृभाषा के महत्व के पता चलल. दुसर बात ई रहे कि लोग भोजपुरी के अतना महत्व ना देत रहे. जेकरा वजह से मन में भोजपुरी के खातिर एगो मोह लाग गइल आ ओहि से भोजपुरी लेखन आ संगीत में रूचि जाग गइल.

फेर भोजपुरी गीत संगीत के सफ़र कहा से शुरू भइल ?

वैसे त हम बचपने से स्कूल कॉलेज में प्रतियोगिता में गीत संगीत लेके हिस्सा लेत रहनी, लेकिन भोजपुरी में संगीत के सफ़र "मनोज भइया" (मनोज तिवारी मृदुल) के प्रोग्राम देखला के बादे शुरु भइल. हम उनकरे के आपन आइडियल मान के बिना कौनो गुर के गीत गावल शुरु कर दिहनी. लोग पसंदो करे लागल त हम अपन पहिला स्टेज प्रोग्राम एनसीसी के प्रोग्राम में कइनी जहाँ भोजपुरी लोकगीत गवला खातिर हमरा के प्रथम पुरस्कार मिलल आ गोल्ड मैडल आ शील्डो मिलल. ओहिजे से सगीत के सफ़र शुरु भइल. सबले बड़ पुरस्कार हमारा अपना कॉलेज के गीत पतियोगिता में मिलल जहा ५० हिन्दी प्रतियोगियन का बीच हमरा के प्रथम पुरस्कार मिलल.

राउर पहिलका अलबम "दिल दीवाना भइल" के शुरुआत कइसे भईल आ अलबम का बाद कइसन लागऽत बा ?

कॉलेजे का समय से हमारा अंदर भोजपुरी लोकगीत के जूनून रहल. ओकरा के पूरा करे के खातिर हम दिल्ली आ गइनी. भोजपुरी अलबम खातिर हमरा घर से कवनो सहायता भा प्रोत्साहन ना मिलल तबो हम अपना मन से अपना कमाई से अलबम के शुरुवात कइनी. बाकिर सब कुछ का बादो कुछ लोगन का वजह से हमार सपना वइसन पूरा ना भईल जइसन हम सोचले रहीं.खुशी बस अतने बा कि बहुत कुछ सीख गइनी जिन्दगी का बारे में आ लोगन से अतना प्यार मिलल जेतना हम सोचलहूं ना रहली.

का सोच के आपन अलबम निकाले के सोचनी ?

देखीं. हम बहुत सारा भोजपुरी गीत सुनली. बहुत सारा गायकन लोग के सुनली. सब लोगन के विषयवस्तु आ अंदाज एकही जइसन रहे. आ अश्लीलता भोजपुरी के एगो सबसे बड़ा बीमारी लागत रहल. त हम सोचनी कि एगो नया अंदाज का साथे अश्लीलता के हटावे के कोशिश कहे ना कइल जाऊ ? बस इहे सोच के गीत के तइयारी शुरु कर दिहनी आ ओकरे परिणाम दिल दीवाना भइल का रूप में आइल, जवन आप के सामने बा.

दिल दीवाना भइल के बारे में कुछ बताई ?

"दिल दीवाना भइल" एगो साफ सुथरा अलबम बा जेहमें लगभग सब प्यारे के गीत बा. एह गीतन के घर परिवार में भी सुनल जा सकेला. एकर शीर्षक गीत सबसे अछा बन गइल बा, जेकरा के हर उमिर के लोग पसंद कइले बा. हम समझत बानी कि शायद ई भोजपुरी के पहिला अलबम बा जेकरा में अश्लीलता के नाम पर कुछुओ नइखे.

अब आगे का करे के बा ?

आगे हम दू गो आउरी अलबम के तइयारी करत बानी जे में से एगो के नाम बा "सोनू जी के पापा" और तीसरा अलबम होली तक आ जाई. एकरा अलावा हम कुछ नया टैलेंट का साथे भोजपुरी के पहिलका म्यूजिक बैंड "स र ग म राग भोजपुरी" ओ पर काम कर रहला बानी.

रउरा भोजपुरी गीत से अश्लीलता हटावे के बात करत बानी. एहमे कहाँ तक सफल हो पाएब ?

देखीं. पहिलका अलबम का बाद हमार मनोबल बहुत बढ़ गइल बा. हम जवन चीज सुनावल चाहत रही ओकरा के लोग पसंदो कईलस. आ जब रेस्पोंस अच्छा आईल त हमरा का परेशानी बा ? अजी एही तरे काम करत रहब आ एकरा साथे हम भोजपुरी लोकगीत का म्यूजिक में नया प्रयोग कर के आपन एगो नया पहिचान बनावल चाहत बानी.

हम त बस इहे कामना करेब कि प्रवीण भाई अपना मकसद में सफल साबित होखसु. हमार शुभकामना उनुका साथे बा.



Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com