भोजपुरी लस्टम पस्टम

6 Jan 2010

फोकटिया माल के मजा कुछ अउरे होला

- जयन्ती पाण्डेय

बाबा लस्टमानंद बजारे गइले. संगे रामचेला रहले. ई दोकान से ऊ दोकान, खाली इहे सवाचत फिरले कि केकरा संगे का फ्री बा. रामचेला उबिया गइल. अनुसा के पुचले, कुछ लेबो करबऽ कि बीच बजार में दउरा दउरी करबऽ ?

बाबा कहले, काहे अगुता तारऽ भाई ? हम यहरनी जनम के डिस्काउन्ट खाऊ. बाजार जाइले. दोकानदार कहेला ‍- हई पाकिट ले लऽ बाबा, एक पर एक फ्री के आफर चल रहल बा. हम एक का जगहा चार गो पाकिटउठा लेनीं. बाजार हमरा के बाई वन गेट वन का नाम पर चूना लगावेला. हमरा के फ्री में चूनो लागेला त काया खुश हो जाला. चलऽ कुछऊ त फ्री लागल, चूने सही. सांचो फोकट के माल मिलला के आनन्दे कुछ अउर होला.

आपके अपना चारू इयोर एक से एक मुफ्तखोर मिल जइहें. हुजूर के लगे घोषित से जियादा अघोषित संपत्ति भरल बा. आउर कमाये का चक्कर में जूता के फीता बन्हे तक के टाइम नइखे. ईहो काम लोग नौकरे चाकर से करवावेला लोग. तबो केहू के इहां पहुँच गइले त फोकट के वन कप टी के जोगाड़ में टरिहें ना. हम त अइसनो मुफ्तखोर देखले बानी जे केहू का बियाह शादी में सौ रुपिया के गिफ्ट दे के पूरा परिवार खा के चलि आवेला. मुफ्तखोर लोग जे बजार जा के आधा किलो पियाज किनी त थोड़ धनिया के पत्ता आ हरियर मरीचा असहीं मांग लिहें. दूध नपवइहें त घलुआ डलवइहें. ऊ त तरकारी वाला भा दूधवाला बा जे पहिहीं कम नापे भा तऊलेला.

शहर में सर्कस लागल रहे. एगो खात पियत दोस्त से कहनी चलऽ देख आउल जाव. ऊ कहलस काहे ना ? ले चलबऽ त जरुर चलेब. हम कहनी ले चले वाला कवनो बात नइखे. सौ सौ रुपिया के टिकट बा. बगली ढील करऽ टिकट मँगवा लेत बानी. ऊ बोलले, पइसा खर्च क के त हम आजु ले एगो फिलिम तक ना देखनी, त भालू बानर के करतब खातिर पइसा खरच करेब ? ई कहाँ के अक्लमंदी हऽ ! कहीं से पास के जोगाड़ करऽ त चलल जाउ. हम कहनी भाई, अबके जमाना में कवनो काम फ्री में ना होला. अब त जानो पहिचान वाला लोग ना करे. ऊ हँस के कहलें, पइसा बेवकूफ लोग खरच करेला, समझदार हमेशा फ्री के जोगाड़ में रहेला. अब ई फ्रीखोर लोग के के समुझावे कि भाई फ्री के जमाना अब ना रहल. ई सुविधा शुल्क के समय हऽ. आज कवनो काम बिना दाम के ना होला. हमरा एक जना परिचित के थाना जाये के मौकामिलल रहे. ऊ लवट के हमरा के बतवले कि थानो के लोग खाली हाथ पकड़ के ले आवल चोरन से सीधामुँहे बात ना करे आ मजा ई कि भरल हाथ वाला चोर थाना ना जाला. पुलिस वालन के खुद ओकनी का लगे जाये के पड़ेला.