आपन बाति

फीडबैक में रउरा एसएमएस, भउजी हो, भोला बाबू, लड़िकपन के गीत वगैरह खातिर सामग्री भेज सकीलें. नाम दे देमऽ तऽ आउरी बढ़िया. राउर इमेलो मिल जाव त फेर का पूछे के बा !

- सम्पादक

तनी हमरो सुन लीं

नमस्कार. राउर चिट्ठी मिलल....

राजीव पाण्डेय जी ३ नवम्बर के लिख भेजले बानी कि
Hamke bahut khusi ba ki anjoria.com aur mahua tv chanel ke madhyam se logo ko bhojpuria samaj ka aur gyan hoga aur E hamni ke vikas ke khatir ego naya yug ke suwat hai


नीरज श्रीवास्तव जी शुभा शर्मा के सुन्दरता से प्रभावित होके लिखले बानी कि
i m from media. actress is so beautiful but hero not good. who is she. can i have her mobile nomber. i want take a interveu.


विवेकानन्द पाठक ३० अक्टूबर के लिखले बानी कि
सब कुछ बढ़िया बा अँजोरिया में.
Badiya Ba sab kuchh anjoria me

२१ अक्टूबर के मनराज यादव जी लिखले बानी कि
भोजपुरी चैनल महुआ चालू होये से बड़ी खुशी हुई है.


२० अक्टूबर के रविशंकर सिंह बागी लिखले बानी कि
जय भोजपुरी, जय अँजोरिया. १९ अक्टूबर २००८ के मनोज तिवारी बहादुरपुर में आईल रहलें. उहँवा करीब बीसन हजार से भी जेयादा भीड़ रहे. हमरा बड़ी खुशी भईल कि एगो पुरबिया के स्वागत में अतना लोग जुटल बा. बाकिर एगो अफसोसो बा कि दिल्ली में रहेवाला पुर्वांचलवासियन के इज्जत से ना देखल जाला. एकर सबले बड़ कारण बा किकेहू केहू के हेल्प करल ना जाने. हम एगो बिजनेसमैन हईं. हमार बिजनेस शिक्षा से जुड़ल बा. यूटेक कम्प्यूटर एजुकेशन. लेकिन अपना क्षेत्रीय वासी से भोजपुरि में बात करी ले जा. बस रउरा लोग के आशीर्वाद से आ परम गुरु शिव खेड़ा जी के प्रेरणा से राजनीति का साथ साथ समाजसेवा के क्षेत्र में कदम रख देले बानी. जय हिन्द


१३ अक्टूबर के राजकुमार तिवारी मधुर लिखले बानी कि
घर के खबर नेट पर पढ़ के बहुत अच्छा लागल. हम कोलकाता में रहि के सोबई बाँध बलिया के समाचार पढ़ लेनी, कतना खुशी के बात बा.
साथही साथ उहाँ के फिल्म अभिनेता अनिरुद्ध जी के प्रशंसा मे ंलिखले बानी कि फिलिम बढ़िया लागल. कोलकाता में देखनी जा.


२९ अक्टूबर के राकेश श्रीवास्तव लिखले बानी कि
दिये से रोशन रहे आपका घर द्वार, खुशियाँ आयें जीवन में बार बार. सफलता हर दम पर करे आपका इन्तजार. दीवाली की शुभकामनाओं के साथ ढेर सारा प्यार.

२९ अक्टूबर के भेजल फीडबैक में सत्येन्द्र नारायण सिंह जानत चाहत बानी कि
i want to know about the bhojpuri writer RAMESHWAR SINGH KASHYAP writer of Famous Natak LOHA SINGH. If any one can give me details please..i will be highly oblised

Please read about Prof.Rameshwar Singh Kashyap

२१ अक्टूबर के मनराज यादव जी लिखले बानी कि
भोजपुरी चैनल महुआ चालू होये से बड़ी खुशी हुई है.

२० अक्टूबर के रविशंकर सिंह बागी लिखले बानी कि
जय भोजपुरी, जय अँजोरिया. १९ अक्टूबर २००८ के मनोज तिवारी बहादुरपुर में आईल रहलें. उहँवा करीब बीसन हजार से भी जेयादा भीड़ रहे. हमरा बड़ी खुशी भईल कि एगो पुरबिया के स्वागत में अतना लोग जुटल बा. बाकिर एगो अफसोसो बा कि दिल्ली में रहेवाला पुर्वांचलवासियन के इज्जत से ना देखल जाला. एकर सबले बड़ कारण बा किकेहू केहू के हेल्प करल ना जाने. हम एगो बिजनेसमैन हईं. हमार बिजनेस शिक्षा से जुड़ल बा. यूटेक कम्प्यूटर एजुकेशन. लेकिन अपना क्षेत्रीय वासी से भोजपुरि में बात करी ले जा. बस रउरा लोग के आशीर्वाद से आ परम गुरु शिव खेड़ा जी के प्रेरणा से राजनीति का साथ साथ समाजसेवा के क्षेत्र में कदम रख देले बानी. जय हिन्द

१३ अक्टूबर के राजकुमार तिवारी मधुर लिखले बानी कि
घर के खबर नेट पर पढ़ के बहुत अच्छा लागल. हम कोलकाता में रहि के सोबई बाँध बलिया के समाचार पढ़ लेनी, कतना खुशी के बात बा.
साथही साथ उहाँ के फिल्म अभिनेता अनिरुद्ध जी के प्रशंसा मे ंलिखले बानी कि फिलिम बढ़िया लागल. कोलकाता में देखनी जा.


१२ अक्टूबर के सतीश कुमार सिंह लिखले बानी कि
i am very glad about my letter .so anjoria site is very nice site that evert person is very nice who member of anjoria site , and really i wish to all the member of anjoria tell laudly jai maa durga .jai ho bhirgu baba ki ,beero ki dharti jawano ka desh bagi ballia uatter pradesh.

८ अक्टूबर के विंध्यवासनी राय लिखले बानी कि
First I congrats ajoria and Mahua TV team for becoming the first bhojpuri channel and website.
I like your website and channel because bhojpuri is very sweet language,so I love bhojpuri.I want to join your channel Mahua News because Iam student of journalism and mass
communication.So please send me reply with address of Mahua TV branch in noida.

बधाई खातिर धन्यवाद, बाकिर महुआ टीवी से अँजोरिया के कवनो तरह के औपचारिक संबंध नईखे. महुआ टीवी के लोग से संपर्क करे के हमार प्रयास बेकार हो गईल बा एहसे हम ओह लोग का बारे मेा ज्यादा जानकारी नइखी दे सकत. - संपादक.

२ अक्टूबर के सतीश कुमार सिंह लिखले बानी
हम अंजोरिया ग्रुप ज्वायन करके बहुत खुश बानी. अबहीं त हम बेंगलोर में बानी बाकिर हमार गांव बलिया में बा. हमरा उमेद बाकि अंजोरिया हर भोजपुरिहा खातिर वरदान बा. भगवान करे ई हजार बरिस जिये

१ अक्टूबर के राकेश श्रीवस्तव जी सभके नवरात के बधाई भेजले बाड़े
नवरात्रि में दुर्गा माई ाबके कल्याण करस, ईहे कामना बा.
आप सबके, राकेश श्रीवास्तव

२६ सितम्बर के सिद्दिकी भाई लिखले बाड़े कि
खिलल बा भोजपुरिया समाज में एगो आउरी फूल जवन गमकाई पूरा हिन्दुस्तान के. नाम हऽ बिजेन्द्र आकांक्षा रहे वाला सिवान के. बिजेन्द्र भईया बढ़त जा, आगा हमनी के दुआ तहरा साथ बा..

२६ सितम्बर के आशुतोष शर्मा हम बाहुबली में अमर उपाध्याय आ रिंकू घोष के जोड़ी देख के लिखले बाड़न कि बहुत बढ़िया जोड़ी बाटे.

२४ सितम्बर के अभिषेक राय शिकायत का साथ सुझाव भेजले बाड़े
I congrats anjoria for becoming the first bhojpuri website.
I always visit the site but I would like to suggest anjoria that u should update the site everyday or even after a week as few columns like bhojpuri sms have not been updated since last month.

Editor Replies : Thank You Abhishek for remindings, but Anjoria is updated daily. Some columns sometimes take a back seat to see whether some one notices it or not?

२१ सितम्बर के निरहुआ पर लिखल लेख पढ़ के लिखलन मनराज यादव
Dinesh lal Yadav "Nirahuwa" bhojpuri ke megastar bani.

१९ सितम्बर के आशा श्रीवास्तव जी लिखले बानीं
अंजोरिया से ना जाने केतना लोग के राह मिलल. हम वेक्तिगत रुप से एह बात के समझत बानी. अंजोरिया लोग के कुंठित मन से अंधियार भगाई ई हमरा भरोसा बा. ईहे अंजोरिया के गुन ह जे कि सभकरा जीवन के उजियार करेला.

Habibur Rahman has written on 19th Sept.
manoj ji you r my best actor in bhojpuri film aur aapki filme mujhe bahut aachi lagti hai.

१९ सितम्बर के डा॰एस॰पी॰सिंह सलाह भेजले बाड़न कि

भाई जहिया से हम ई अँजोरिया से मिलल बानी बिना देखले चैन ना मिलेला. शायद देश में रहि के अतना याद ना आवत लेकिन ई वेबसाईट सही में एगो दिया जइसे बा जेकरा सहारे हमनी के विदेशो में अपना लोगन के याद क सकेनी.

हमार एगो ईच्छा बा कि आऊरी नवजवानन के एकरा से जोड़ीं लोग. आ इम्पालयमेंट के जानकारी ई साइट पर दिहला से अउरी लोगन के जोड़ल जा सकेला.

जय भोजपुरी. जय भारत.

१८ सितम्बर के भेजल फीडलबैक में रविशंकर जी गाना के फरमाइश कइले बाड़न.

१६ सितम्बर के भोजपुरी एक्टर मनोज तिवारी पर लिखल लेख पढ़ के जीतेन्द्र कुमार मनोज तिवारी के रियल एक्टर बतलवले बाड़े.

१६ सितम्बर के आलोक कुमार के भेजल फीडबैक पढ़ात नईखे. बुझाता कि देवनागरी में कुछ लिखले बाड़न.

जय सिंह १५ सितम्बर के लिखलन कि

ham chahat tani ki siwan khube taraki kare.bhagwan se hamar ehe prathana ba.e bhisad badh se bhagwan biharwasi ke raksha karas

सोहराब अली १३ सितम्बर के लिखलन कि

i had read anjoria.com i like it and i will alwayes read and open this site i proude of my bhojpuri language.

११ सितम्बर के डा॰एस॰पी॰सिंह लिखले बाड़े -

बहुत बढ़िया हौ. मजा आ गयेल. विदेशो में देश के माटी का मजा एही के कहल जाला. हम इटली में आजु पहली बार ई अँजोरिया देखनी.
जय भोजपुरी.

Somji Prasad wrote on 2nd Sept -

maine aaj hi anjoriya padha achcha laga i love my bihar

Sanju has written on 4th Sept -

हम अँजोरिया नाम से बहुत खुश बानी. अंजोरिया एक दिन पूरा बिहार ही नही पूरा भारत के अँजोर करी आ एकरा साथ में मुंबई के भी अँजोर करी, जेतना भ्रष्ट नेता बाड़न जा ओहू लोग के मन के अँजोर करी. जय बिहार. - संजू

Diwakar Mishra has written on 27th Aug-

very very goooooooooooood

२५ अगस्त के रवीन्द्र कुमार लिखले बाड़े -

I listen a Bhojpuri Song's Bharat Bayal. Pls send the some song of bharat SharmaThank you.

२४ अगस्त के चन्दन प्रजापति लिखले बाड़े -

बलिया बहुते तरक्की करे, हम इहे चाहऽतानी.

२४ अगस्त के धर्मेन्द्र कुमार पान्डेय फिल्मी पन्ना पर से लिखले बाड़े -

नीक बा, सुनील बुबना जी के बधाई..

John Williams has send a feedback on 21 August -

Pretty nice site, wants to see much more on it! :)
Many many thanks, Mr. Williams.

२२ अगस्त के राजकुमार तिवारी बस अतने लिखले बाड़े -

बहुत अच्छा लागल.

John Williams has send a feedback on 21 August -

Pretty nice site, wants to see much more on it! :)
Many many thanks, Mr. Williams.

१९ अगस्त के मराज यादव लिखले बाड़े -

अँजोरिया का बारे में हमरा के विचार त ठीक बा लेकिन हम आशा करत बानी कि जल्दी ही आप लोग एक भोजपुरी चैनल चालू करेंगे. तब भोजपुरी समाज के लोगो के खातिर फील गुड होगा.
मराज भाई, महुआ चैनल शुरु हो गइल बा. देखीँ, आनन्द लीहिं. - सम्पादक

१९ अगस्त के सिद्दिकि लिखले बाड़े -

जे चाहल, जे सोचल, जे खोलल वेबसाइट अंजोरिया.
या मालिक हमरा माथा पर रख दऽ उनुका दुख दर्द के मोटरिया.

१८ अगस्त के आनन्द लिखले बाड़े -

I like this news paper..

१७ अगस्त के मोहाली से अनुग्रह प्रताप सिंह लिखले बाड़े -

हेलो जी, आपके भोजपुरी अंदाज हमके बहुत अच्छा लागल बा. बधाई हो आपके प्रयास के. आपका मित्र अनुग्रह प्रताप सिंह, आजमगढ़ के हाल मुकाम चण्डीगढ़ के मोहाली जहां हम हिन्दुस्तान में पत्रकार बानी.
अनुग्रह भाई, रउरा के हम धन्यवाद देत बानी कि रउरा अंजोरिया के पस्नद कइनी आ दू गो लाइन लिखियो के भेजनी.- सम्पादक.

१६ अगस्त के बलिया से अनिल कुमार सिह लिखले बाड़े -

रउरा न्यूज वेबसाइट का माध्यम से हम ई पाठक लोगन के बतलावल चाहत बानी कि जवन बलिया से माँझी जाये वाला राष्ट्रीय राज मार्ग बाटे तवना के स्थिति अतना खराब बा कि अगर कवनो मरीज के ओह रास्ता से ले जाइल जाई त ऊ रस्ते में खतम हो जाई. हम चाहत बानी कि ओह रास्ता के बनावे के कवनो इन्तजाम होखे.
अनिल जी रउरा बात से हम सहमत बानी आ सोचत बानी कि अँजोरिया पर एगो पन्ना अइसनका मांग के प्रकाशीत करे खातिर बढ़ा दीं. बाकियो पाठक अपना अपना इलाका के अइसनका मांग भेज सकेलें. बढ़िया रही कि सम्स्या से जुड़ल कुछ फोटो भी भेज दिहल जाव.- सम्पादक.

१६ अगस्त के घनश्याम लिखले बाड़े -

भोजपुरी में सब समाचार पढ़ के मन गार्डेन गार्डैन आ दिल फ्लावर फ्लावर हो गईल. असहीं लिखत रहीं. मजा आ गईल अपने भाषा में आपन बात पढ़ के. सुझाव इहे बा कि तनी प्रेरणादायक लेख भी होखे जवना के पढ़ के बाहर रहेवाला लइकन के गर्व होखे.
राउर इमेलोत्र का आशा में.
घनश्याम जी रउरा सुझाव के धेयान राखल जाई. लेखको लोग से निहोरा कइल जा रहल बा कि अइसनका लेख भेजीं सभे.- सम्पादक.

१५ अगस्त के प्रभाकर पाण्डेय लिखले बाड़े -

भोजपुरी के अलख जगवले में राउर सब के योगदान हमेसा याद रही। हम ए समय आई.आई.टी. मुम्बई में बानी भोजपुरी में गलत-सही कुछु लिखी लेनी।
इ ब्लाग देखीं अउरी अगर अँजोरिया खातिर कुछु लिखे के कहीं तS हम आपन भागी समझबी।
http://pandiji.blogspot.com
भोजपुरी कहावतन खातिर (अर्थ अउरी हिंदी अनुवाद सहित)
http://deoria.blogspot.com/2008/05/blog-post_27.html
भोजपुरी व्याकरण खातिर-
http://prabhakargopalpuriya.blogspot.com/2008/06/tense-9.html
प्रभकर जी, राउर आ राउर रचनन के हमेसा स्वागत रही - सम्पादक.

१५ अगस्त के अखिल भारतीय पुरुष परिषद के अध्यक्ष रवि शंकर सिंह बागी लिखले बाड़े -

I Like Anjoria site.
We are celebratting Purush Diwas with Swatantrata Diwas on our 22th birth day.
बहुत बहुत शुभकामना:- सम्पादक.

१४ अगस्त के अनिल कुमार सिंह लिखले बाड़े -

जय हिन्द जय भारत

१४ अगस्त के जनकपुरी के प्रमोद लिखले बाड़े -

hi this is pramod . from saudi, but i am nepali . i like very much anjoria.and specially about the bhojpuri cinema.because i am the fan of bhojpuri flims . thanks to anjoria

८ अगस्त के राजेश मिश्रा लिखले बाड़े -

बहुत बढ़िया बाटे. हम पहली बेर देखनी हा. हमरा के भोजपुरी साइट के पता चाहीं.
राजेश जी, भोजपुरी लिंक वाला पेज पर चल जाईं:- सम्पादक.

८ अगस्त के राजेश मिश्रा लिखले बाड़े -

बहुत बढ़िया बाटे. हम पहली बेर देखनी हा. हमरा के भोजपुरी साइट के पता चाहीं.
राजेश जी, भोजपुरी लिंक वाला पेज पर चल जाईं:- सम्पादक.

६ अगस्त के गोरखपुर से दैनिक जागरण के धर्मेन्द्र कुमार पाण्डेय जी लिखले बानीं कि -

ताजा भोजपुरी फिल्मी खबर खातिर बधाई.
खाली बधाई दिहला से काम ना चली. रउरो कुछ ताजा खबर भेजीं -संपादक.

३ अगस्त के फिल्मी पन्ना पर से मनराज यादव लिखले बाड़े -

लागल रहऽ निरहुआ भाई!
आशा बा कि निरहुआ भाई ई बधाई सन्देश अपनहीं पढ़ लिहन -संपादक

३० जुलाई के सउदी अरब से सिदिक्की भाई लिखले बाड़न -

मन मगन रहतावे, सुन्दर लागऽता दुनिया.
जब से खुलल बा वेबसाइट अँजोरिया.
भले चाँद सूरज में गरहन लागत रहे,
या अल्लाह कयामत ले अँजोरिया सलामत रहे.

३० जुलाई के लोकनाथ तिवारी जी लिखले बानी कि
श्रद्धेय ओमप्रकाश जी
नमस्कार,

व्यस्तता के कारण हमनीं के बात नइखे हो पावत। बीच-बीच में (लगभग रोज) एको मिनट खातिर अंजोरिया जरूरे देखि लिहिने। आजु भउजी हो के छव-सात गो कड़ी पढ़नि हा। एह में रउरा कम शब्दनि में ढेर बात कहि जात बानी। का जाने इ रउरा लेखनी के कमाल ह कि हमरे नीक लागल हा। हम त कहबि कि समय निकालि के भउजी से रोजे भेंट करि। सम-सामयिक विषयन पर एह ले बढ़िया कॉलम बहुत कम देखे के मिलेला। मिजाज हरियर हो गइल हा। एकरा अलावा आउर कॉलम भी ठीक-ठाक बा। टटका खबर में त रउरा दोषरो के सेवा ले सकेनी। फिलिम आ अपराध दुइएगो बिकाला। एगो के रउरा कवर कर रहल बानी, लेकिन दूसरका के चटपटा अंदाज में डाले के कवनो जुगति लगाईं।

भोजपुरी में चैनल निकले के खबर सुननि हा का । महुआ चैनल के बारे में सुने में आइल हा। ओह में हमार एगो मित्र जा रहल बाड़े। एह बारे में फेर कबहुं बात होई। अंजोरिया जगजगात रहो।

नमस्कार
लोकनाथ

२४ जुलाई के गोरखपुर से धर्मेन्द्र कुमार पाण्डेयजी लिखले बानी कि अँजोरिया नीक लागल.
धर्मेन्द्र भाई, प्रशंसा खातिर धन्यवाद. हम सभ पाठकन से चाहब कि आपन फीडबैक देत घरी कुछ अपनो बारे में लिखल करसु.

२३ जुलाई के अनुपम सिंह लिखले बाड़े कि ऊ पुरनका भोजपुरी फिलम्न का बारे में पढ़े के चाहत बाड़न.
अनुपम भाई राउर चाहत पूरा करे के पूरा कोशिश कईल जाई. तनी इन्तजार कर लीं.

आदरणीय सम्पादक जी,
प्रणाम.

महीनन से साथी समाजी लोग आपके वेबसाइट का बारे में कहत रहे लोग. सँवास ना मिलत रहे. आज देखनीं. भाई बड़ा खुशी भइल.

आप त एगो महान काम कर रहल बानीं, इतिहास गढ़ रहल बानीं. आपके वेबसाइट से हमरा एतना उत्साह भइल कि आज के दिन हमेशा इयाद रहे एहसे आपन एगो भतीजी के नांव हम अँजोरिया रख दिहनीं.

हमरा लायक कवनो सहयोग होखो त साधिकार कहेब.

आपके
हरिराम पाण्डेय,
सम्पादक, सन्मार्ग, हिन्दी दैनिक
कोलकाता

1 June 2008

Dear Sir,
I found this website while searching about bhojpuria culture and related news site on Google. Hats off to the entire team of anjoria.com for their contribution towards Bhojpuria samaj. It has been great pleasure to browse through the site, particularly Bhojpuri Chutputia and Lastam Pastam. I was really touched by this section. Now , i am a regular visitor of anjoria.com and hope it will become a medium to bridge the gap between all the bhojpuria people around the globe.
Once again, thanks to the entire team of anjoria.com
Sunil Kumar
SAP Application Specialist
DKSH Corporate Shared Services Center Sdn Bhd
Lot L4-E-3A, Enterprise 4, Technology Park Malaysia
57000 Bukit Jalil, Kuala Lumpur, Malaysia

Editor adds: Phone numbers and email address has been withheld as a rule.

08 May 08

I am from Mauritius. I was astonished to learn in Anjoria that the name of Mauritian prime minister is Jain Auld Jaideen and that he has resigned from office .This is mere misinformation!

Please do correct the mistake as you know more than we Mauritians that the Mauritian PM's name is Navin Ramgoolam who recently visited Bihar and that he has not resigned.Thanks.
Brotherly yours,
Sradhanand Ramsurrun.

Editor replies
हमरा एह बाति के शरम बा कि एगो गलत खबर के प्रकाशित कर दिहनी. मारीशस के प्रधानमंत्री नवीन रामगुलाम जी हउवन. बाकिर काल्हु एगो मशहूर समाचार माध्यम के खबर के हम बे सोचे समझे प्रकाशित कर दिहनी.

एह खबर पर मारीशस से इमेल भेज के श्रद्धानन्द रामसरन जी हमरा के सचेत कइले बानीं. हम उहाँ के अभिनन्दन करत बानी कि हमरा एह गलती पर प्रतिक्रिया दिहनी. हम शर्मिन्द बानीं. असल में खबर टाइप करत घरी हमरा दिमाग में अउवे कि रामगुलाम जी शायद राष्ट्रपति बानीं.

हम अपना गलती खातिर क्षमा मांगत बानीं.

22 Apr 08

namaskar editor ji
mera naam hai g g anand
main mumbai nagari me rahya hu
hume ganga expressway me bahut dilchaspi hai
koi khabar ho to zaroor mail kijiyega

19 Feb 08

Can you send me daily latest news on my email-id? Asks Deepak Kumar Sinha.

Editor replies: Sorry Deepak ji. it will create more work load for me. However, I will try to see whether it is feasible or not. Keep checking your email!

17 Feb 08

चुटपुटिआ में एगो गलती हो गइल रहे.
आठ गुणे तीन बराबर एगारह. कइसे? गलती से!
का बदला लिखा गइल रहे -
आठ धन तीन बराबर एगारह. कइसे? गलती से!

कई दिन बाद एगो सुधि पाटक ओह गलती का तरफ धेयान दिअवले बाड़न.

8+3=11 galti se na sahi me hola apan galit auri chhutcula duno ke sudhar lihi.
namaskar

गलती सुधरला खातिर धन्यवाद. सम्पादक

30 Jan 08

हम पहिलका हालि ई साइट में अइनी हा. लेकिन एकर विषयवस्तु आ आलेख देख के बहुत अच्छा लागल. साथ ही हम कमलजी के जवन कविता सब बाड़ी स ऊ बड़ा विशिष्ट लागल. राउर ई प्रयास भोजपुरी के विश्वपटल पर बरकरार राखे के दिशा में बहुत सुन्दर कदम बा.

सधन्यवाद.
धवल.

धवल जी, कतना बढ़िया रहित यदि आप आपन इमेल दिहले रहतीं त रउरा से नियमित सम्पर्क हो सकीत. खैर, राउर मर्जी. रउरा फीडबैक से उत्साह बढ़ल. धन्यवाद त हम देत बानी आत्मा से.

- सम्पादक, अँजोरिया.

एगो आउरी पाठक के फीडबेक मिलल बा...

निहोरा से फीड बैक ना मिली! बड़ा झकास साइट बनवले बानीं. लागल रहीं. आबाद रहीं.

ए भाई अतना नीमन बाति कहनी त आपन नामवा काहे ना दिहनी? केकरा के दीं? - अँजोरिया

चिट्ठी मिलल

20 Dec. 2007

Hi,

This is brilliant man..!!

I belong to Varanasi (though my mother tongue is Marathi, but grown up in Bhojpuri environment).

I wish a very good luck for you..!

Regards,
Amitabh

Ps:Is there any way if I want to send some informations to you to be published here. I was searching about languages in wikipedia

editor adds..

Why not?
Your contribution is most welcome.
Thanks for your feedback.

10 Dec. 2007

मारीशस टापू से दुनिया भर के भोजपुरी बोले वालन के नमस्ते बोलत हईं. भोजपुरी में अंजोरिया पत्रिका अउर समाचार पत्र में टटका खबर पढ़ि के दिल खुश हो जाला.

हमार बाप के परदादा, ठाकुर महतो, अपन बेटा रामशरण महतो के संगे १५० बरिस पहिले नया भोजपुर से गिरमिटहा मजदूर indentured labourer बनि के मारीशस आइल रहलन. ऊ लोगन के त सुख ना मिलल, मगर ऊ लोग केपरनाती लोग आजु स्वर्ग जइसन मारीशस देश में सुख से जियत हवन.

बिहार के कठिन परिश्रम अउर बचत की संस्कृति के कारण आजु मारीशस में बिहार मूल के लोग समाज के हर क्षेत्र में आगे हवन. हम लोगन के गर्व हे कि हमलोग बिहार हईं.

श्रद्धानन्द रामशरण
मारीशस

20 Nov. 2007

Namaste ji
bhojpuri website bahut hi accha laga hai. yeh website chalta rahe.
Harindra Kumar.