अभय त्रिपाठी

बनारस, उत्तर प्रदेश

कइसे खेलीं होली सँवरिया

रंगवा में लागल बाटे दाग, कइसे खेलीं होली गुजरिया,
सँइया रंगइले सौतन नार, कइसे खेलीं होली सँवरिया..

लाल लाली रंगवा, प्यार भरल संगवा,
आतंकी सजावे आपन माँग, कइसे खेलीं होली गुजरिया,
रंगवा में लागल बाटे....

खेत खलिहनवा किसानी के जनवा,
हरियर से भुअर भइल जाला, कइसे खेलीं होली गुजरिया,
रंगवा में लागल बाटे.....

काली परछइयाँ जियवा के जरिया,
काला धनवा में डूबल संसार, कइसे खेलीं होली गुजरिया,
रंगवा में लागल बाटे.....

संईया के भाइल रहे होँठवा गुलाबी,
सजनी चोरवली ओकर सार, कइसे खेलीं होली सँवरिया,
रंगवा में लागल बाटे....

रंगवा में लागल बाटे दाग, कइसे खेंली होली गुजरिया,
सँइया रंगइले सौतन नार, कइसे खेलीं होली सँवरिया..