सूअर-ज़ुकाम (स्वाइन फ्लू)

डा॰कमल किशोर सिंह

कइलस बड़ी परेशान हो, ई ससुरा सुअर -ज़ुकाम.
मुंह प जाब लगा लोग घुमे ,दूर से करे सलाम हो -ई ससुरा --

बुढ-पुरनिया, कम पकड़इलन, धइलस लड़िका जवान,
कतना के खटपारू कइलस, दुहलस कतना ई जान हो - ई ससुरा --

उत्तर दक्खिन, पूरब पछ्छिम, पसरल सकल जहान.
प्रेस रिपोर्टर थाकत नइखन छापत एकर दास्तान हो - ई ससुरा --

स्कूल कॉलेज, दफ्तर, सबकर, कइलस चक्का जाम,
मने मने गाजस सगरी डॉक्टर, भभकल दवा दूकान हो - ई ससुरा --

टी.बी., एड्स, मलेरिया पर से छटकल सबकर ध्यान ,
सब सरकार चलावे लगली, एकरे बचाव अभियान हो - ई ससुरा --


रिवरहेड, न्यूयार्क