मनोज भावुक के नया दोहा आ गीत संग्रह चलनी में पानी

भोजपुरी गजलकार आ फिल्म समीक्षक मनोज भावुक के नया दोहा आ गीत संग्रह चलनी में पानी के लोकार्पण पिछला दिने दिल्ली के पूर्वांचल एकता मंच के आयोजन विश्व भोजपुरी सम्मेलन में यूपी के पूर्वमुख्यमंत्री आ कांग्रेसी सांसद जगदम्बिका पाल के हाथे भइल. एह अवसर पर शत्रुघ्न सिन्हा, महुआ चैनल के चेयरमैन पीके तिवारी, मनोज तिवारी, आ मालिनी अवस्थी जइसन हस्ती मौजूद रहे लोग.

विमोचित पुस्तक के प्रशंसा करत मंच के अध्यक्ष शिवजी सिंह कहलन कि मनोज भावुक अफ्रीका आ ग्रेट ब्रिटेन वगैरह देशन में भोजपुरी के परचम लहरवले बाड़े. एही चलते इनका के अउरी कवियन का साथे डा॰प्रभुनाथ सिंह सम्मान से नवाजल गइल बा.

मनोज भावुक के उनका भोजपुरी गजल संग्रह तस्वीर जिन्दगी के खातिर साल २००६ में भारतीय भाषा परिषद सम्मान से सम्मानित कइल गइल रहे. ऊ सम्मान मनोज भावुक के मशहूर आ आस्कर अवार्ड से सम्मानित गीतकार गुलजार आ ठुमरी साम्राज्ञी गिरिजा देवी के हाथे दिआइल रहे. ई पुरस्कार पावे वाला ऊ अकेला भोजपुरी साहित्यकार बाड़े.

चलनी में पानी पुस्तक का भूमिका में डॉ रमाशंकर श्रीवास्तव लिखले बाड़े कि ई जिन्दगी चलनी जइसन हऽ. भर जिनिगी आदमी एकरा से पानी उलीचत रह जाला बाकिर तबहियो आखिर में हासिल कुछ ना होला. नश्वरता दर्शन के अइसनका विम्ब साहित्य में दुर्लभ नात कम जरुरे बा. चलनी में पानी सहज प्रयोगो में गूढ़ दर्शन व्यक्त करे ला. भावुक एगो दोहा में कहले बाड़े -

चलनी में पानी भरत बीतल उम्र तमाम
तबहू बा मन में भरम कइनी बहुते काम !