Parichay Das

Sector IV, Dwarka, New Delhi - 110078

परिचय दास : एक परिचय

जन्मस्थान :

ग्राम : रामपुर काँधी देवलास,
तहसील : मुहम्मदाबाद, गोहना,
जनपद : मऊ.

साहित्य-संस्कृति खातिर 1996 में भारतीय दलित साहित्य अकादमी के सम्मान से सम्मानित.
साहित्यकार, भोजपुरी लोकगायक, चित्रकार, नाट्यकर्मी. संस्कृति-चिन्तक.

हिन्दी में प्रथम श्रेणी से एम॰ए॰ कईला का बाद गोरखपुर विश्वविद्यालय से यूजीसी के फेलो रहत पीएच॰डी॰ उपाधि प्राप्त. भोजपुरीमें पाँच गो कविता-संग्रह पहिलहीं प्रकाशित हो चुकल बाड़न, जिनकर शीर्षक बा -
एक नया विन्यास (2004)
पृथ्वि से रस लेके (2006)
चारुता (2006)
युगपत समीकरण में (2007)
संसद भवन की छत पर खड़ा हो के (2007)

ज्ञानपीठ पुरस्कार से सम्मानित साहित्यकार डा॰सीताकान्त महापात्र के सर्जनात्मकता पर केन्द्रित "मनुष्यता की भाषा का मर्म" आलोचना पुस्तक संपादित (सन 2000). भारत के उत्तरप्रदेश, बिहार, आ नेपाल में फईलल थारु जनजाति का बीच सक्रिय रहलन आ "थारू जनजाति की सांस्कृतिक परम्परा" पुस्तक के लेखन कईलन. साहित्य, संस्कृति, फिल्म, कला, इतिहास, लोकसाहित्य, पत्रकारिता, समाजशास्त्र, शिक्षा, नाटक आदि में रचनात्मक हस्तक्षेप. कई पत्रिका, पुस्तकन के संपादन आ लेखन.

परिचय दास जी के आपन वेबसाइट भी बा जवना के लिंक दिहल जा चुकल बा. ओह वेबसाइट पर परिचय दास जी के सगरो भोजपुरी आ हिन्दी कविता पढ़ल जा सकेला.

परिचयदास से नीचे लिखल पता पर सम्पर्क कर सकीलें.

परिचय दास,
14, दिन अपार्टमेण्ट्स, सेक्टर ‍- 4,
द्वारका, नयी दिल्ली - 110078
फोन-+91-11-25075252
मोबाइल- 09968269237


ईमेल-
asianwriter@rediffmail.com
parichaydass@rediffmail.com