हंस घेराइल भँवर में बाटे

पंकज प्रवीण

आजकल का भोजपुरी में भोजपुरियन क बात निराला बा.
हंस घेराइल भँवर में बाटे, कउवन के बोलबाला बा.

नाम बेंच के माई क, लोग माल भरे में लागल बा.
केहू का पाछा केहू लागल, केहू केहू से भागल बा.

केहू बनि के माडर्न कवि, दुनिया के रीत सुनावत बा.
लोगो जानेला ह बकवास, झूठे मन बहलावत बा.

गीतगवनई का नामे केहू घर बइठल पेट फुलावत बा.
कल्लू, लल्लू, घुरहू के लोग भोजपुरिया स्टार बोलावत बा.

अजब गज़ब के खेल होत बा, केहू घूमत भा घूमावत बा.
बेंच बेंच भोजपुरी के दिल, भोजपुरी उत्थान करावत बा.

आजकल का भोजपुरी में भोजपुरियन क बात निराला बा.
हंस घेराइल भँवर में बाटे, कउवन के बोलबाला बा.


पंकज प्रवीण भोजपुरी के उभरत गायक हउवन जिनकर एगो म्यूजिक अलबम रिलीज हो चुकल बा आ दोसरका के रिकार्डिंग होखे वाला बा. नया पीढ़ी का गायकन में पंकज के जगहा अलगा से बा काहे कि ऊ दुअर्थी गीतन से परहेज करेलन आ भोजपुरी में अश्लील गीतन के पुरजोर विरोध करेलन.