भोजपुरी, लोकल वोकल एंड ग्लोबल

द संडे इण्डियन का दिल्ली कार्यालय में आयोजित सेमिनार के विषय

हिंदी के शीर्ष कवि केदारनाथ सिंह भोजपुरी भाषा के संविधान के आठवीं अनुसूची में दर्ज करे के जोरदार माँग कइले बाड़न, साथही अलगा भोजपुरियो राज के मांग कइले बाड़े. मौका रहे द संडे इण्डियन का दिल्ली कार्यालय में आयोजित सेमिनार जवना के विषय रहुवे, भोजपुरी, लोकल वोकल एंड ग्लोबल. केदारनाथ सिंह आपन पूरा बात भोजपुरीये में कहलन. बोले के त ऊ भोजपुरी में चाहते रहलें बाकिर सेमिनार में मारीशस से आईल मुख्य अतिथि सरिता बुद्धू के खास आग्रह रहुवे कि ऊ भोजपुरिये में बोलस, जेकरा के ऊ टाल ना सकलें. एह मौका पर भोजपुरी में अश्लीलता के बाजार पर टिप्पणी करत सरिता बुद्धू कहली कि एकरा खिलाफ लोगन के एकजुट होखे के चाहीं.

Kedarnath Singh, Sarita Buddhu, Rajmohan, and Ajeet Dubey

फोटो परिचय : मुख्य अतिथि केदारनाथ सिंह के स्वागत करत अजीत दूबे. साथ में सरिता बुद्धू आ राजमोहन

केदारनाथ सिंह कहलन कि पहिले त भोजपुरी के पढ़ावले ना जात रहुवे, बाकिर अब हालात बदलल बा आ उच्च शिक्षा में भोजपुरी के पढ़ाई होखे लागल बा. अलगा बाति बा कि ई उल्टा प्रक्रिया बा. बेहतर त ई रहित कि पहिले प्राथमिक कक्षा से भोजपुरी के पढ़ाई शुरू होखित जवना से कि भोजपुरी के नींव मजबूत बनित. दोसरे ऊ इहो कहलें कि कवनो भाषा के विकास में अनुवाद के बहुते महत्व रहेला. हिन्दीयो के विकास में अनुवाद के महत्व रहल बा. एहसे भोजपुरियो में दोसरा भाषा के निमन साहित्य के अनुवाद कईल जाव.

हालैण्ड से आईल ख्यातिलब्ध भोजपुरी गजलगो आ गायक आ कार्यक्रम के खास मेहमान राजमोहन कहलें कि भोजपुरी के विकास आ विस्तार खातिर जरूरी बा कि एकरा के जन जन तक चहुँपावल जाव आ संगीत एहमें मजगर भूमिका अदा कर सकेला.

Onkareshwar Pandey, Sarita Buddhu, and Ajeet Dubey

फोटो परिचय : सेमिनार संबोधित करत द संडे इंडियन (हिन्दी भोजपुरी) के कार्यकारी संपादक ओंकारेश्वर पाण्डेय. साथ में सरिता बुद्धू आ अजीत दूबे.

द संडे इण्डियन के हिंदी आ भोजपुरी संस्करण के कार्यकारी संपादक ओंकारेश्वर पाण्डेय कहलें कि द संडे इंडियन एह दिसाईं पहिलहीं से सजग बा आ हमनी का भोजपुरी का मूल रचना का साथेसाथ दोसरा भाषा के रचनन के अनुवादो छाप रहल बानीं. द संडे इंडियन के एह बात पर खास जोर रहेला कि अश्लीलता से पूरा तरह से बाँचल जाव. साथ ही जानकारी दिहलें कि द संडे इण्डियन के भोजपुरी समेत चौदहो संस्करण आनलाइन मौजूद बा.

एह कार्यक्रम में द संडे इण्डियन के अंग्रेजी के कार्यकारी संपादक रणजीत भूषण, एयरपोर्ट अथारिटी के कार्यकारी निदेशक अजीत दूबे, आईसीसीआर के निदेशक अजय गुप्ता समेत जेवी मनीषा, अमरनाथ, रामनाथ राजेश, कुलदीप श्रीवास्तव वगैरह लोग मौजूद रहुवे.