ईटीवी का फोक जलवा में

छेंका से बिदाई तकले के लोक जलवा पेश होखे जा रहल बा.

ईटीवी उत्तरप्रदेश आ ईटीवी बिहार अपना शुरुआते से यूपी बिहार झारखण्ड उत्तरांचल के संस्कृति आ लोक परम्परा के जियतार राखे के अपना प्रयास में लागल रहेला.

ईटीवी के फोक जलवा लोकगीतन खातिर बहुते लोकप्रिय कार्यक्रम बन गइल बा. अब ओहि फोक जलवा में ईटीवी पेश करे जा रहल बा वैवाहिक रीति रिवाजन के खाँटी देसी अंदाज में लोकपरम्परागत गीत गवनई का चाशनी में डूबो के.

कार्यक्रम के भव्यता के अंदाज एही से लगावल जा सकेला कि एह कार्यक्रम के एंकरिंग करे खातिर भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ आ पाखी हेगडे के लिहल गइल बा. निरहुआ बनिहन दुलहा आ पाखी उनकर दुलहिन. आ एहि दुलहा दुलहिन के बियाह पूरा परम्परागत ढंग से करावत पेश कइल जाई. खाली कनियवे दुलहा ना, दुनू के परिवारो ओतने मशहूर लोगन से बनावल गइल बा. एह में मशहूर लोकगायक पंडित रामचन्द्र दूबे, विष्ण ओझा, राम दरश, शम्भूनाथ, प्रतिष्ठित लोकगायिका मैनावती देवी, नूतन कुमारी नीतू, प्रतिभा सिंह, डा॰अंजना त्रिपाठी आ मीनू अरोड़ा के नाम लिहल जा सकेला.

विवाह से जुड़ल एह कार्यक्रम के फोकजलवा ईटीवी यूपी पर हर अतवार के आ ईटीवी बिहार पर हर शनिचर के देखावल जाई. प्रसारण २१ फरवरी से शुरु हो रहल बा.