News about Bhojpuri Social and Cultural Activities

महाकवि पं. महेन्द्र मिश्र की 62वीं पुण्यतिथि

भोजपुरी में पूरबी गीत लिख के पूरा भोजपुरी समाज में आजु ले जीवन्त महाकवि पण्डित महेन्द्र मिसिर के ६२वीं पुण्यतिथि अतवार २६ अक्टूबर के छपरा के पं भरत मिश्र संस्कृत महाविद्यालय में सारण जिला भोजपुरी साहित्य सम्मेलन का तरफ से मनावल गईल.

समारोह के शूरुआत सुभद्रा लक्ष्मी, शांता सौम्या आ अपुर्वा भव्या का स्वागत गान से भईल. रंगकर्मी अमियनाथ चटर्जी के अध्यक्षता में आयोजित कार्यक्रम में प्रस्ताव राखल गइल कि महेन्द्र मिसिर के लिखल समग्र साहित्य के महेन्द्र रचनावली का रुप में प्रकाशित कईल जाव. एह मौका पर पं. जगन्नाथ तिवारी, अविनाश नागदंश, आचार्य सारंगधर, असलम सागर, आशुतोष त्रिपाठी, मनन सिंह, रामाकांत मुकुल, विश्वजीत त्रिपाठी, शुभनारायण पांडेय, कृष्णानंद मिश्र, रजनीश गौरव वगैरह आपन विचार रखलन.

एगो आउरी समारोह प्रभुनाथ नगर यमुनापुरी में भईल जवना में ब्रजेन्द्र नारायण सिन्हा, धु्व्र नारायण सिंह, रामाज्ञा सिंह विकल, रामचन्द्र प्रसाद, कमलेश सिंह, हरिमोहन पंडित, प्रियरंजन सिन्हा, धीरेन्द्र कुमार, मालती सिन्हा, प्रत्युष वगैरह शामिल रहलन.

जलालपुर में पं. महेन्द्र मिश्र स्मारक समिति महेन्दर मिसिर के स्मारक स्थल पर उनुका प्रतिमा पर फूल माला चढ़ावल लोग. एह मौका पर कन्हैया प्रसाद सिंह, रामनाथ मिश्र, द्रवेश्वर तिवारी बाबा, रमेश तिवारी, प्रो. हरेन्द्र मिश्र, सुरेश मिश्र, मनोज कुमार मिश्र, ललनदेव तिवारी, विनोद मिश्र वगैरह हाजिर रहलन.

रिविलोगंज में एगो बईठक में पं. महेन्द्र मिश्र के ईयाद कईल गईल. एहिजा कलाकार उदय सिंह, रामायण सिंह जीवनदानी, शंभूनाथ पांडेय आदि शामिल रहलन.

बिहार के बाढ़ पीड़ितन खातिर निरहुआ दिहन पचास लाख रुपिया.

भोजपुरी के जुबिली स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ एलान कइले बाड़न कि ऊ अपना होम प्रोडक्शन के फिलिम निरहुआ टांगेवाला के पूरा टीम का साथे सितम्बर का मध्य में सथानीय लोगन का सहयोग से बाढ़ राहत शिविर लगइहन. एह काम में फिलिम के निर्देशक अजीत श्रीवास्तवो साथे रहिहन.

राहत शिविर खातिर पचास लाख रुपिया खरच करे के योजना बा. जवना से बाढ़ पीड़ितन के कपड़ा, भोजन आ इलाज के काम कइल जाई.

स्रोत प्रशान्त निशान्त, पटना. फोन 9934208664, 09967996624

भोजपुरी गायिका कल्पनो बेचैन बाड़ी बाढ़ राहत का काम खातिर

बाकिर करसु त का? अक तरफ उनकर बाबूजी अस्पताल में पड़ल बाड़न आ दोसरा तरफ जुनून कुछ कर दिखाने का के शूटिंग लगातार चल रहल बा. कल्पना कहली कि आसाम के बेटी होखला का कारण ऊ बाढ़ के विभिषिका के निमना से जाने ली. कहली कि ऊ मुख्यमंत्री राहत कोष में अपना स्टेज शो के पैसा देबे चाहत बाड़ी. कहली कि अगर कवनो सरकारी संस्था का तरफ से प्रस्ताव आवे त ऊ ई काम करीहन.

वइसे कहली कि अगर जुनून कुछ कर दिखाने का में अगर जीत गइली त पुरस्कार के आधा रकम बिहार के बाढ़ पीड़ितन खातिर दे दिहन.

स्रोत टोटल मीडिया पीपुल, फोन 09221232130/ 09769509966

बिहार के बाढ़ग्रस्त इलाकन में मनोज तिवारी के दौरा.

कटिहार, पूर्णिया आ बनमनखी में दवाई बँटलन.

बिहार में आईल महाप्रलय जईसन बाढ़ में पीड़ितन का ओरि सहायता वाली हाथ बढ़वलन मनोज तिवारी मृदुल. ऊ बिहार के बाढ़ग्रस्त कटिहार, पूर्णिया आ बनमनखी के दौरा कइलन आ ओहिजा लगावल गइल राहत शिविरन में जा के हर कैंप में ४५-४५ हजार के दवाई बँटलन.

बाढ़ग्रस्त इलाका के दौरा करिके मनोज तिवारी ढेर दुखी भइलन आ कहलन कि बिहार पूरा तरह से टूट गइल बा आ आजु जरुरत बा कि हमनी सभे मिल के दुनू हाथ से बाढ़ पीड़ितन के मदद करीं.

मनोज तिवारी सिनेमा जगत के पहिलका कलाकार बाड़न जे ओह इलाकन में जा के खुदे लोगन के दवाई आ जरुरी सहायता चहुँपा रहल बाड़न. एकरा पहिलहूं मनोज तिवारी लुधियाना बम विस्फोट का बाद ओहिजो गईल रहलन आ मरे वालन के परिवार वालन के पचीस पचीस हजार रुपया के सहानुभूति राशि दिहले रहलनआ अस्पताल में जा के घायलन के हाल चाल पुछले रहलन.

खबर मिलल बा कि रवि किशन आजुकाल्ह अपना एगो फिलिम का शूटिंग का सिलसिला में दक्खिन अफ्रीका गइल बाड़े जहाँ ऊ बिहार रिलीफ फण्ड खातिर राशि जुटावे का अभियान में आपन मदद करत बाड़न.

सुने में आइल बा कि नाना पाटेकर २५ लाख के सहायता देबे के घोषणा कइले बाड़े त दिनेश लाल निरहुआ ४५ लाख के. दोसरो लोग अपना अपना ताकत भर सहायता कर रहल बा. कुछ कलाकार लोग कार्पोरेट जगत से एह काम में आगा आवे के अपील कइले बाड़े.

स्रोत :- मुंबई से शशिकांत सिंह,फोन 09322411335, 09833295806. आ दोसरो स्रोत